नयी दिल्ली।3 जनवरी (वार्ता) सोलह गो राज्यन से आवेवाला राज्यसभा के 55गो सीटन ला दुबरीसा चुनाव 07 फरवरी के करावल जाई.
एहमे महाराष्ट्र से 07 गो, उडीसा से 04 गो, तमिलनाडु से 06 गो, पश्चिम बंगाल से 05 गो, असम से तीन गो, बिहार से 05 गो, छत्तीसगढ से दू गो, गुजरात से 04 गो, हरियाणा से दू गो, हिमाचल से एगो, झारखंड से दू गो, मध्यप्रदेश से तीन गो, मणिपुर से एगो, राजस्थान से तीन गो आ मेघालय से एगो सीट शामिल बा.
एह चुनाव के अधिसूचना 21 जनवरी के जारी होखी. परचा दाखिला 28 जनवरी ले आ नाम वापसी 31 जनवरी ले हो पाई. ओकरा बाद अगर जरूरी भइल त 07 फरवरी के चुनाव करावल जाई, ओही दिन साँझ के वोट के गिनिओ लीहल जाई.
एह दौर में जवना राज्यसभा सांसदन के कार्यकाल पूरा होखत बा ओहमें खास नाम बिहार से सीपी ठाकुर, शिवानंद तिवारी आ प्रेमचंद गुप्ता, छत्तीसगढ से मोती लाल वोरा, हिमाचल से शांता कुमार, महाराष्ट्र से प्रकाश जावेडकर, मुरली देवडा आ राजकुमार धून, उडीसा से बलवीर पुंज, तमिलनाडु से जयंती नटराजन, असम से वीरेद्र कुमार वैश्य, मध्यप्रदेश से माया सिंह आ राजस्थान से प्रभा ठाकुर के नाम बा.
0 Comments