अँजोरिया
गाई गाई लोरिया
– ओ.पी. अमृतांशु
गाई गाई लोरिया निंदरिया बोलावेली अँगनवा में
दादी चान के बोलावेली अँगनवा में.
आरे आवऽ बारे आवऽ, नदिया किनारे आवऽ
सोने के कटोरवा में दुध भात लेले आवऽ
दूध भात मुँहवा में घुट से घुटावेली अँगनवा में
दादी चान के बोलावेली अँगनवा में.
तेलवा फुलेलवा से अबटि चबटि के
नजरि उतारेली मरिचवा अईंछि के
घरी घरी चुमेली चाटेली चुचुकारेली अँगनवा में
दादी चान के बोलावेली अँगनवा में.
बबुआ के माई पुआ पुड़िया पकइहें
मामा मामी गुड़वा के भेलिया ले अइहें
मीठा मीठा ममता के रस बरसावेली अँगनवा में
दादी चान के बोलावेली अँगनवा में.
अईयो रे नींदिया निंदरवन से आ जो
बबुआ के अँखिया में हौले से समा जो
झिरी झिरी नेहिया के बेनिया डोलावेली अँगनवा में
दादी चान के बोलावेली अँगनवा में.
(ई गीत कवि अपना स्वर्गवासी दादी के समर्पित कइले बाड़े.)
ओमप्रकाश अमृतांशु युवा चित्रकार आ भोजपुरी  गीतकार हऊवन. इनकर सृजित कलाकृतियन के  देश में आयोजित होखे वाला अखिल भारतीय चित्र -प्रदर्शनियन में नई दिल्ली ,वराणसी, जोरहट , धनबाद, पटना,आरा आदि शहरन में देखावल जा चुकल बा.   राज्य – स्तरीय चित्र प्रदर्शनी, आरा के आयोजन समिति  के सदस्यो रहल बाड़े आ. दर्जनों नुक्कड़ चित्र –प्रदर्शनियों में भागीदारी आ एकरा अलावे देश के प्रतिष्ठित पत्र –पत्रिका में रेखांकन प्रकाशित हो चुकल बा.
इनकर लिखल गीत भोजपुरी गायिका देवी आ पूजा गौतम अपना स्वर से सजा चुकल बाड़ी. साथही मशहुर चित्रकार भुवनेस्वर भास्कर के बहुचर्चित परफार्म “परिणति ”  के गीत- लेखनो में सहयोगी रहल बाड़े.
बड़ा कठिन बा जमाना के संगे चलल
– जयंती पांडेय
बाबा लस्टमा नंद के दुअरा पर सबेरहीं पहुंचले रामचेला. बाबा मालगोरू के नादे पर बान्ह के जब फुरसताह भइले तऽ रामचेला के लगे आ के बइठले. रामचेला पूछले कि बाबा हो! ई जमाना के साथ कइसे चलल जाउ. लोगवा कहऽ ता कि जमाना के साथ चलऽ. आखिर कइसे चलीं जमाना के साथ ?
बाबा कहले, जमाना के साथ चलल बड़ा कठिन काम हऽ. सड़कन पर जाम जे देखऽ तारऽ उहो जमाना के संगे चले के कोशिश हऽ. शरद पवार जी जे कहले कि भले अनाज गोदामन में सरि जाई लेकिन गरीबन में मुफ्त ना बंटाई. हां ई हऽ जमाना के संगे चले के कोशिश. तूं तऽ जानते बाड़ऽ रामचेला कि जमाना अइसन खराब आ गइल बा कि कवनो चीज मुफ्त नइखे मिलत. ऊ तऽ सरकार आ कोर्ट मिल के कानून बना के आ फैसला दे कवनो- कवनो चीज मुफ्त देवे के कोशिश कऽ रहल बा. जइसे पब्लिक इस्कूलन में आ बड़हन- बड़हन अस्पतालन में गरीबन खातिर कुछ सीट मुफ्त देवे के नियम बनल बाकिर नियम अपना घर में रहेला आ केहु ना देला कुछऊ गरीबन के. काहे कि जमाना बाजार के हऽ.
एगो ऊ जमाना रहे जब राजनीतिक पार्टी वोट के खातिर कई गो चीज मुफ्त देवे के वादा करे आ चुनाव जीतला पर ओकरा वादा पूरा करे के पड़ो. सरकार के मददगार अर्थशास्त्री कुढ़त रहऽ सन कि ई सब तऽ ना अच्छा अर्थशास्त्र हऽ ना अच्छा राजनीति. पहिला जमाना में गरीबन बेघरवालन के खातिर जमीन देवे के वादा कइल जाव, राशन कार्ड बनो आ दलालन के दलाली खूब चमको. राशन मिलो ना आ कार्ड ले के घूमत रहे लोग,  जमीन के सपना आंखि में लिहले मरि जाउ लोग. अब तऽ रोड पर घूमलको मुफ्त नइखे. जगहि जगहि टॉल टैक्स के बोर्ड लागल बा. कहीं जाये में जेतना के पेट्रोल जरेला ओकरा से बेसी के टेक्स लाग जाला. पहिले पनशाला रहे. लोग पियासन के पानी पिया के धरम कमावे. अब तऽ पानी बोतल में जा ढुकल आ ओकरा से पइसा कमाए लागल बा लोग. अब अइसन हालत में जब कोर्ट कहलस कि अनाज सड़े देवे से अच्छा बा कि  अनाज गरीबन में बांट दिहल जाउ, तऽ कृषि मंत्री कहले कि ई ना होई. जमाना मुफ्त के ना हऽ. जमाना बजार के हऽ. आ बजार के शरद पवार से बढ़िया के समुझी ? ऊ बाजार के सबसे बढिय़ा ढंग से बूझेले एहि से तऽ क्रिकेट के बेताज बादशाह हो गइले. उनका का मालूम कि सुप्रीम कोर्ट एह जमाना में पुराना जमाना वाला बात कहऽ ता. ऊ ना बुझले आ कोर्ट से डंटइले. बड़ा कठिन बा हो जमाना के संगे चलल.
अब अपने बात लऽ. लोग कहऽ ता कि तूं जमाना के साथ चलऽ. तूं चाहे हम काहे नइखीं सन चल पावत? काहे कि आज के जमाना हमनीं के संगे चले से इंकार कऽ देता.
जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.
बनावटी होला फ़िल्मी जीवन – बिपिन बहार
अपना क्षेत्र में हरदम नया नया प्रयोग करे खातिर मशहूर गीतकार – अभिनेता बिपिन बहार एक साल के एकांतवास का बाद फेर से भोजपुरी जगत में सक्रिय हो गइल बाड़न. हालही में उनकर एगो फिलिम भोजपुरिया डॉन रिलीज़ भइल बा आ एगो फिलिम  करेंट मारे गोरिया का म्यूजिक देके . ऊ अपना के म्यूजिक डायरेक्टरो का श्रेणी में खड़ा कर दिहले बाड़े. पिछला साल भर का एकांतवास का बारे में बतियावत बिपिन बहार कहले कि फिल्मी जीवन के बनावटी जीवन से अकुता गइल रहन आ अपना के रिफ्रेश करे खातिर एह सब से दूरी बना लिहले रहन. एही बीच आपन एगो कविता संग्रह पूरा कर लिहले, गाँधी जी के आत्मकथा के भोजपुरी अनुवाद पूरा कर लिहले आ अब  दू गो धर्मग्रन्थन के अनुवाद में लागल बाड़न.
बिपिन बहार के अपना बारे में कवनो गलतफहमी नइखे. ऊ अपना के ना त गीतकार मानेलन, ना संगीतकार, ना अभिनेता. हँ एगो गलतफहमी जरुर बा कि ऊ अपना के एगो निमन आदमी जरुर मानेलें. भोजपुरी सिनेमा उद्योग के मौजूदा हालात से ऊ संतुष्ट बाड़े. कहले कि रविकिशन, मनोज तिवारी, निरहुआ, आ पवन सिंह के चलते भोजपुरी सिनेमा उड़ान भरत बा त  सुदीप पांडे, प्रवेश लाल, विनय आनंद, पंकज केसरी, उत्तम कुमार, दीपक दुबे, आ मनोज पाण्डे जइसन प्रतिभाशाली कलाकारन के लमहर फेहरिस्त पा के इतराइयो रहल बा.
आजादी त मिलल, पर केकरा के
– अभयकृष्ण त्रिपाठी
आजादी त मिलल, पर केकरा के, ई सवाल बा.
कइसे कहीं दिल के दरदिया, कहला में बवाल बा.
हर केहू देखा रहल बा, सबके आपन-आपन खेला,
अपना मतलब के लगा रहल बा आजादी के मेला,
का नेता का परेता  आ का गुरु अउरी का चेला.
आजादी के मतलब लूट बा, चिल्ला रहल बा हर बेला,
जे जेतने बाद लुटेरा ऊ ओतने खुशहाल बा.
आजादी ता मिलल पर…
लूट के आजादी में बड़का लूटत बा लाख दस लाख,
पइसा लूटे खातिर छोटका कइले बा सिक्का के राख,
केहू छिपकली गोजर खिया के बनावत बा आपन साख,
कायनात लूटला के बादो देखा रहल बा सबके आँख,
रोशनी देखावल भइल दूभर इंहवा आन्हर माहौल बा,
आजादी ता मिलल पर…
मार के दरद में डूबल इन्सान लेहले दूसरा के जान बा,
अपना करनी के न्याय बतवले में ही ओकर अभिमान बा,
ले दे के सिरफ हमहीं बानी बतावे में डूबल इन्सान बा,
करनी देख जानवर भी लजाये पर कहलात भगवान बा,
आजादी ता मिलल पर…
आजादी ता मिलल पर केकरा के ई सवाल बा.
कइसे कहीं दिल के दरदिया कहला में बवाल बा.
टटका खबर
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा हो गइल
लालू जगन्नाथ अदालत में हाजिर भइले
भागवत सिंह आखिरकार पुलिस का चंगुल में
बलिया चहुँपे वाली बा रेड रिबन एक्सप्रेस
तीनो बन्धक छोड़ दिहल गइले
शेयर बाजार ३१ महीना के नया ऊँचाई पर
सिवान में अखाड़ा वालन के गिरफ्तारी के अभियान
पूर्वी चम्पारण में १० करोड़ के योजना के शिलान्यास
छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय में सिंडिकेट सदस्यन के मनोनयन
आजमगढ़ में स्कूल वाहन में आग से डेढ़ दर्जन बच्चा झँउसले
भरत शर्मा व्यास अब एक्टिंगो करीहें
भोजपुरी गायकी के भीष्म पितामह कहाये वाला भरत शर्मा व्यास अब लोकगायकी के शिखर छु लिहला का बाद अभिनयो का दुनिया में डेग धरे जा रहल बाड़न. बिहार के बक्सर से चलि के बनारस, फेर दिल्ली, आ अब मुंबईओ में ऊ आपन बसेरा बना लिहले बाड़े, हाल ही में अखिल विश्व भोजपुरी समाज मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनाइल भरत शर्मा पिछला दिने अभिनेत्री से निर्मात्री बनल नीतू चन्द्रा के पहिलका भोजपुरी फिल्म देसवा खातिर एगो गाना रिकार्ड करवले.
बातचीत का दौरान भरत शर्मा कहले कि ऊ ३९ बरीस से लोक गायकी से जुड़ल बाड़न आ एह बीचे उनकर नाहियो त तीन सौ के करीब अलबम बाजार में आ चुकल बा. तकरीबन दू दर्जन राष्ट्रीय आ अन्तर्राष्ट्रीय पुरस्कारन से सम्मानित हो चुकल भरत शर्मा भोजपुरी के टीवी चैनलो सब पर कार्यक्रम देत रहेलन. पिछला दिने महुआ टी वी के स्वतंत्रता दिवस के खास कार्यक्रम में भरत शर्मा समाँ बान्ह दिहले रहन.
भोजपुरी के दोसर गायकन से अलगा सुभाव के भरत शर्मा सादगी पसन्द करेले. बतवले कि सिनेमाई दुनिया के चकाचौंध में अपना के डुबा दिहला का बदले भोजपुरी लोकगायकी के उचित मान दिलवावही खातिर ऊ प्रयासरत बाड़न. भरत शर्मा के एही काबिलियत के नतीजा ह कि देश विदेश में होखे वाला हर महोत्सव में लोकगायकी का कार्यक्रम में उनकर मौजुदगी जरुरी मानल जाले.
बहरहाल मुंबई में बसेरा बनवला से भोजपुरी फिल्म जगत के भरत शर्मा से जरुरे फायदा मिली.
(स्रोत : उदय भगत)
शिक्षा के गारंटी-जय हो! जय हो!!
– जयंती पांडेय
रामनिहोरा. ऊ गांव -जवार के बड़ा पुरान नेता हवें. कौ हाली तऽ परधानी जीत भइल बाड़े. एक दिन भिनसहरे बाबा लस्टमानंद के दुअरा पर अइले. बाबा बैलन के सानी पानी दे के गोबर- गोथार करत रहले. नेताजी दूरे से पुकरले, का हो, का करऽ तारऽ ? बस दू गो माल बाड़े सन तऽ ई सब करहीं के परी. नेताजी बे-कहले चऊकी पर बइठ गइले. एने ओने ताक के कहले – तहार पोता-पोती कऊ गो बा ?
बाबा लस्टमानंद अंगुरी पर गिन के बतवले, दूनो बेटा लोग के मिला के चार गो लईकी आ एगो लईका. माने पांच.
नेता जी थोड़ा देर सोचले आ फेर कहले,  तू एगो काम करऽ. नवका कैथोलिक स्कूल खुलल बा. दूनू बड़की पोतियन के ओही में नांव लिखवा दऽ. जीवन बन जाई.
लस्टमानंद के मुंह ई बात सुन के अचके में बवा गइल. कहले, नेताजी मजाक करऽ तानी. हमार बेंवत बा ओह में पढ़ावे के ? ओकरा फीस, डरेस में हम बिला जायेब.
नेताजी सुर्ती के पीक थूकि के कहले, ओकर कवनो चिंता नईखे. तूं दस बजे चलि आवऽ हमरा दुआरे, दूनो लइकियन के ले के. नांव हम लिखवा देब. एतना कहि के नेताजी चल दिहले. दोसरा दुअरा की ओर.
बाबा लस्टमानंद दस बजे दूनो नातिन के ले के जब नेता जी के घरे पहुंचले तऽ ऊहां उनकरा गांव आ आस पास के गांव के कम से कम 25 लोग जमा रहे. घंटा भर के बाद नेताजी निकलले आऽ चलि दिहले. इस्कूल के सामने पहुंचि के तऽ बाबा लस्टमानंद के होसे हावा हो गइल. कई बिगहा में बनल इस्कूल. कई गो कमरा. जब बनत रहे तऽ ऊ दूरे से देखस आ साध लागो कि हमरो नाती पोता एह में पढि़ते सन. ऊ सपना में डूबि गइले.
भीड़ देखि के गेट पर दरवान सबके रोकि दिहलस. नेताजी आपन परिचय दिहले तऽ ऊ खाली उनहीं के जाये दिहलस. नेताजी भीतर ढुकि गइले. घंटा भर बाद मुस्कियात निकलले. कहले, काल्हु सब आ के एडमिशन फार्म ले जाईं. सरकार के लइकिन के मुफ्त शिक्षा के गारंटी के कानून के चलते सबके नांव फ्री में लिखा जाई. सब लोग खुशी- खुशी ओहिजा से चलि आईल. बाबा लस्टमानंद रात भर सपना देखले कि उनकर दूनो नातिन कइसे डरेस पहिन के इस्कूल जात बाड़ी सन. बाबा के मन एह सरकार के प्रति एकदम गदगद हो गइल. ऊ अपना मोबाइल में रिचार्ज भरवइले आ बेटा के पंजाब में फोन कऽ के बतवले कि दूनू बेटिन के अंग्रेजी इस्कूल में काल्हु नांव लिखा जाई. अब खानदान सुधर जाई.
दोसरका दिने जब ऊ पहुंचले तऽ दरवान कहलस, अभी फार्म नइखे आइल काल्हु आवऽ जा. दोसरा दिने फार्म तऽ मिल गइल. बाकिर पूरा फार्म अंग्रेजी में. अब का होखो. मास्टर गनेसी लाल के इहां जाके फारम भरववलें. जब दस बजे इस्कूल पहुंचले तऽ उहे दरवान कहले, एह में गरीबी रेखा से नीचे वाला कार्ड के फोटो कापी लगा के ले आवऽ (बी पी एल कार्ड) . अब बाबा दउरले. शहर गईले, फोटो कापी करवले आ दोसरा दिने लेके हाजिर. दरवान देखलस आ कहलस, एह में राशन कार्ड के कापी कहां बा ? अब फेर ऊ दउरले. दोसरा दिने अतवार रहे आ ओकरा बिहान भइला एगो त्योहार के छुट्टी रहे. तिसरका दिने जब ऊ फार्म ले के गइले तऽ भीतर जाके जमा करावे के कहलस दरवान.  बाबा जब भीतर गइले तऽ उहां नेताजी बइठल रहले आ मैम से बतियावत रहले. बाबा के फार्म कवनो गंदा कागज जइसन हाथ में ले के मैम देखली आ कहली…ओह नो ! एडमिशन इज ओवर.
बाबा के खाली नो एडमिशन बुझाइल. कहले, बहिन जी नौ ना, खाली दू गो पोती के नांव लिखावे के बा. मैम तऽ बहिन जी सुन के भड़क गइली. टूटहा हिंदी में बोलली – जाओ इहां से. बाबा नेताजी के ओर देखले तऽ ऊ दोसरा ओर ताके लगले. ओने से उनकर नातिन आवत रहली सन. बाद में पता चलल कि बीपीएल के भीड़ के डर देखा के नेताजी अपना नाती पोता के नांव लिखवा लिहले.
आंख में दूटल सपना लेके बाबा घरे अइले. सपना के साथ- साथ दस दिन माल मवेशी की ओर से ध्यान हटला से गाय के दूध घट गइल रहे.
जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.
टटका खबर
आजमगढ़ में स्कूल वाहन में आग से डेढ़ दर्जन बच्चा झँउसले
दिल्ली विश्वविद्यालय में लहराइल भगवा ध्वज
लात के देवता बाति से ना मानस तबो बतियावे खातिर बोलावा
विधायक रामदास राय के निधन
बिहार में कांग्रेस के चुनाव अभियान शुरु कइले राहुल
चाह नहीं दिल्ली की गद्दी पर बइठाया जाऊं
ईसामसीह एचआईवी पाजिटिव रहले
यूपी सरकार के अवार्ड अब अंबेदकर भा कांसीराम का नाम पर
भारत श्रीलंका टेस्ट सीरिज फिक्स रहुवे
पर्व से पहिले परवी बँटलसि यूपी सरकार
सिनेमा का दुनिया से….
भोजपुरिया डॉन अन्तर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह में
भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के सुपर डुपर हिट फिल्म भोजपुरिया डॉन के इन्टरनेशनल फिल्म फेस्टिवल आफ इण्डिया २०१० का पैनारोमा में शामिल कर लिहल गइल बा. मनोज तिवारी पहिलका भोजपुरी स्टार हउवन जिनका फिल्म के एह फिल्म फेस्टिवल में शामिल कइल गइल बा. भोजपुरी के ई पहिलका फिल्म ह जवना के आईएफएफआई में देखावल जाई.
भोजपुरिया डॉन के निर्माता भरत जैन के फिल्म फेडरेशन आफ इण्डिया का तरफ से एह बात के सूचना भेजल गइल बा. एकरा बाद से दुनु निर्माता भरत जैन आ राकेश कोहली, निर्देशक रवि सिन्हा, आ नायक मनोज तिवारी के बधाई पर बधाई मिल रहल बा.
समारोह में एह फिल्म के भोजपुरिये में देखावल जाई आ सबटाइटिल अंगरेजी में रही. मनोज तिवारी एकरा के भोजपुरी सिनेमा के अंतर्राष्ट्रीय फलक पर चहुँपावे के एगो अउरी प्रयास बतवले बाड़न.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
अब भोजपुरी में बने जा रहल बा दरार
भोजपुरी सिनेमा में हिन्दी फिल्मन के नाम नकल करे के सिलसिला शुरु हो गइल बा आ ओहि कड़ी में एगो नाम अउरी जुड़ गइल बा दरार के. एह फिल्म के हीरो पवन सिंह के कहना बा कि बस नामे एगो बा ना त कहानी से लेके हर चीज नया बा. पवन सिंह के कोशिश रहेला कि अपना हर फिल्म में एगो नया रुप अपना प्रशंसकन खातिर देखावसु. अइसन ना होखे कि उनकर हाव भाव आ किरदार देख के दर्शकन के लागे ई त हम पहिलहू देख चुकल बानी !
दरार दू गो दोस्तन के कहानी बा जवना में कुछ कारण से दोस्ती में दरार पड़ जात बा. फेर कई गो समस्या आवत बा. फिल्म के अंत में कहानी के दिलचस्प खात्मा होखत बा.
अउरी जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
(स्रोत : मो॰खालिद)
दबंग सलमान से किंग निरहुआ के भिड़न्त
अबकी के ईद बिहार के सिनेमा प्रेमियन खातिर खास होखे जा रहल बा. एह साल ईद का मौका पर हिन्दी सिनेमा के दबंग नायक सलमान खान के मुकाबिला भोजपुरी सिनेमा के किंग निरहुआ से होखे जा रहल बा. सलमान के सबंग से टक्कर लेबे आ रहल बा निरहुआ के मृत्युंजय. भोजपुरी सिनेमा के वितरक एह मुकाबिला खातिर पूरा तईयारियो कर लिहले बाड़न. बिहार में मृत्युंजय के वितरण अधिकार बहुते भारी भरकम दाम पर कपूरचंद लिहले बाड़े. मृत्युंजय के एके साथ पचास गो सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
मुनियो पर भारी सईंया जी के बारी
हिन्दी फिल्म के सुपरहिट गाना मुन्नी बदनाम हुई पर भारी पड़े जा रहल बा मृत्युंजय फिल्म के गाना बकरी चरावे गइली सईंया जी के बारी…. फिल्म मृत्युंजय के एह गाना में निरहुआ, रिंकू घोष, मोनालिसा, आ संजय पाण्डे शामिल बाड़े.
एह फिल्म के इहो खासियत बा कि प्रवेश सिप्पी के बनावल आ जगदीश शर्मा के निर्देशित एह फिल्म के ट्रेलर इन्टरनेटो पर जारी कइल गइल बा. फिल्म के एह बहुते चर्चित गाना के जब इन्टरनेट पर डालल गइल त एकरा के डाउनलोड करे वालन के भीड़ लाग गइल. फिल्म के सगरी गाना लोग के पसन्द आ रहल बा.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
टटका खबर
खिलाड़ियन पर लागल प्रतिबन्ध से पाकिस्तान नाराज
कांग्रेस बिहार में अस्थिरता ले आवल चाहत बिया
टप्पल परियोजना रद्द
हरे कृष्ण मन्दिर में एगो विस्फोट
सिवान के महाबीरी झण्डा सही सलामत निकलल
रोहतास में बिजली का करेन्ट से दू जने के मौत
सचिन के वायुसेना में ग्रुप कमाण्डर बनावल गइल
कांग्रेस के मजबूरी, सोनिया बाड़ी जरुरी
अपहृत दरोगा के लाश लखीसराय में मिलल
पटना मेडिकल कॉलेज के जूनियर डाक्टर हड़ताल पर