सुर संग्राम २ के संचालन फेर मनोजे तिवारी का जिम्मे

July 26, 2010

रियलिटी शो चक दे बच्चेसुर संग्राम का जरिये छोटका पर्दा पर आपन चमक देखावे वाला भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार एक बेर फेर से सुर संग्राम के संचालन करे जा रहल बाड़न. सुरसंग्राम का पिछलका सीजन में मनोज तिवारी अपना शानदार एंकरिंग से एह कार्यक्रम के लोकप्रियता के बुलन्दी पर चहुँपा दिहले रहन. महुआ टीवी एही चलते फेर से उनुके के ई जिम्मेदारी दिहले बा.

मनोज तिवारी के कहनाम बा कि सुर संग्राम का माध्यम से यूपिये बिहार के ना बलुक पूरा दुनिया के भोजपुरिया सीधे जुड़ेले आ अबकी बेर त बहुते कुछ नया होखे वाला बा एह कार्यक्रम में.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

3 Responses to “ सुर संग्राम २ के संचालन फेर मनोजे तिवारी का जिम्मे ”

  1. Dinesh Chandra Gupta on July 29, 2010 at 1:04 pm

    are bhaia ji ye bhojpuri ta hamar KALEJA ha
    kise batai ki ham kitna khush he ….

    aap ka
    Dinesh chandra gupta
    gram & post – vidya bhawan naraianpur
    dist- Ballia (UP)277213

  2. omprakash amritanshu on July 30, 2010 at 1:23 pm

    अँजोरिया के माध्यम से हम कहल चाहत बनी कि, दिल्ली के 80%दर्शक महुआ चैनल से वंचित बा . सुर-संग्राम , भौजी न॰ १ जइसन प्रोग्राम
    भोजपुरिया दर्शक देखे खातिर तरसत बाडन.
    गीतकार
    ओ.पी.अमृतांशु

  3. Rudra pratap mishra on July 31, 2010 at 4:15 pm

    Bhojpuri ka koi bhi karyakram apke hone se safal ho jata hai,kyo ki apke rom rom se bhojpuri ki gandh nikalti hai aur apke shandaar vyaktitva se hi har jagah bhojpuri ki charcha hone par apka naam sabse pehle liya jata hai.PURAB PUTRA TUM MAHAN HO,MAHAN HO!

अलग अलग अध्याय

खोज लीं

advt of G1