कबले अइबऽ पिया

August 21, 2010
कबले अइबऽ पिया

– कन्हैया पाण्डेय लरकल लरहिया बाटे, उजरल पलानी कबले अइबऽ पिया छिलबिल अँगना में पानी. असवों के सेंवतल नइखे चुवेले पलनिया भुरकुस नरियवा-छपुवा, ढहऽता मकनिया उपरा प्लास्टिक कइसो तनले हम बानी कबले अइबऽ पिया छिलबिल अँगना में पानी. भखड़ल दुअरिया पर के बाँस के चँचरवा टुटही केंवड़िया पर ना भइल ह विचारवा. कुकुरा अनेरिहा...
Read more »

गीत

August 21, 2010
गीत

- रामरक्षा मिश्र विमल १ जे रोअवला के खुशिया मनाई केहू ओकरा के का समुझाई ? लोर रोकले रोकाला ना कतहीं कहीं पूड़ी आ पूआ छनाला कहीं मरघट में बदलेले बगिया कहीं पाटी में बोतल खोलाला जे जहरिये में जिनिगी के पाई केहू ओकरा के का समुझाई ? नेह के कइसे सीढ़ी चढ़ी ऊ...
Read more »

भउजी हो….

August 20, 2010

भउजी हो….. का बबुआ ? लालू आ मुलायम के शिकायत बा कि सरकार ओह लोग के तनखाह कमे काहे बढ़वलसि ह ? ओह लोग के कतनो तनखाह दे दिहल जाई कमे रही. आखिर मास्टरी करत करोड़पति देश के कई जने भइल बाड़न ? जे चपरासीओ लायक ना रहल से आजु करोड़न में खेलत बा....
Read more »

भावुक जी : एगो गजल

August 20, 2010
भावुक जी : एगो गजल

- मनोज भावुक दर्द उबल के जब छलकेला गज़ल कहेलें भावुक जी जब-जब जे महसूस करेलें उहे लिखेलें भावुक जी टुकड़ा-टुकड़ा, किस्त-किस्त में जीये-मुयेलें भावुक जी जिनिगी फाटे रोज -रोज आ रोज सियेलें भावुक जी अपना जाने बड़का-बड़का काम करेलें भावुक जी चलनी में पानी बरिसन से रोज भरेलें भावुक जी एगो मकड़ी जाल...
Read more »

ई देश ह वीर जवानन के…

August 20, 2010
ई देश ह वीर जवानन के…

– आशुतोष कुमार सिंह हर साल आजादी मिलला के खुशी में हमनी के 15 अगस्त के राष्ट्रीय परब के रूप में मनावेनी जा. हमनी के एह 15 अगस्त से ठीक 22995 दिन पहिले अंग्रेजन के गुलामी से आजाद भइल रहनी जा. जवना बेरा हमनी के आजाद भइनी जा ओह बेरा हमनी के नइकी सरकार...
Read more »

टटका खबर

August 20, 2010

हिन्दूवन का बाद अब सिक्खन के बारी तनखाह बढ़ावे खातिर लालू मुलायम संसद में हल्ला मचवले कलमाडी के पंख कतराइल बाकिर ऊ माने के तइयार नइखन रामकृष्ण मिश्रा के निधन अनाज सड़ जाव कवनो बाति ना, बाँटब ना बहुते अमेरिकी मानेले कि ओबामा मुसलमान हउवे केन्द्रीय विद्यालयन में छात्र परिषदन के गठन सोनिया नीतीश...
Read more »

सिनेमा का दुनिया से….

August 19, 2010

२० अगस्त के रिलीज हो रहल बा लहरिया लूटऽ ए राजा जी आजु २० अगस्त से निर्माता निर्देशक राजकुमार पाण्डे के म्यूजिकल रोमांटिक एक्शन फिल्म लहरिया लूटऽ ए राजा जी रिलीज हो रहल बा. फिल्म में रविकिशन आ पाखी हेगडे के हिट जोड़ी बा. पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं. मनोज तिवारी आ निरहुआ पहिला बेर...
Read more »

बतिया साँच बा , बाकि कहे में लाज लागऽता

August 19, 2010
बतिया साँच बा , बाकि कहे में लाज लागऽता

– चुनमुन पंडित भोजपुरी सिनेमा उद्योग में आजु जेने देखीं भीड़ भरल हलचल नजर आ रहल बा. ए हलचल के भीड़ में बहुत तरह के लोग शामिल बाड़े. केहू सफलता के पास त केहू दौड़ में हिस्सा ले के दउड़ रहल बा. केहू गिर के फेर से उठऽता आ केहू सबके देखा देखी आ...
Read more »

खोज लीं

advt of G1