एगो पुल : दूर बहुत दूर
Bhojpuri Translation of a forwarded mail: Original writer is unknown.
भगवान राम रामसेतु के निरखलन आ कहलन - "हनुमान, तू आ तहार वानर सेना कतना मेहनत आ बारीकि से ई पुल सैकड़न साल से बनवले रहलऽ लोग! कतना धेयान देबे वाला बाति बा कि सदियन के झँझावात आ मौसम के मारि झेलत आ भौगोलिक बदलावन का बादो ई सेतु आजु ले ठाढ़ बा. खास करि के जबकि हैदराबाद में गैमन के बनावल पुल ओकरा पर पोस्टर सटाये से पहिलहीं ढेर हो गइल."
हेलल हेलल भईंसिया पानी में
पता ना एकरा आगा रउरा कहीं ई त नइखीं कहत कि दुहहूँ ना पवनी जवानी में.
जवन भइल तवन त होखहीं के रहुवे. बाकिर जेहतरे भइल ओह तरे ना. ई त गो मजगर खेलाड़ी के खेल हो गइल. आम आदमी के करोड़न रुपिया के चोट लागल. कुछ लोग करोड़न कमा लिहलन. कुछ बुड़बक बेचा गइलन.
प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के भाषण
१२ अक्टूबर २००७ के दिन हिन्दुस्तान टाइम्स सम्मेलन २००७ : "इमेजिन द इण्डिया दैट कैन बी" में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के भाषण के भोजपुरी रुपान्तर -
चढ़ जा बेटा सूली पर .....
सम्हरिये बुढ़िया रे !
घुघुआ मन्ना,
उपजे धन्ना,
नया भिति उठेला,
पुरान भिति ढहेला.
सम्हरिये बुढ़िया रे,
तोर सब खेत चरलसि
बाबू के भईंसिया.
लईकाईं में बड़ बूढ़ के गोड़ पर झुलुआ झूलत ई गीत कई हालि सुनले बानीं. रउरो में से अधिका लोग सुनलहीं होखी. आज ई बात कांग्रेस अध्यक्ष श्रीमति सोनिया गाँधी खातिर एतना सामयिक हो गईल बा कि ई लेख लिखत घरी ऊ कविता मन पड़ि गईल.