मीरा कुमार, लोकसभा के पहिलका महिला आ भोजपुरिया स्पीकर

Meira Kumar, Speaker of LokSabha

तैंतीस साल का बाद बिहार से केहू लोकसभा अध्यक्ष चुनाइल बा. तैंतीस साल पहिले बलिराम भगत चौदह महीना खातिर लोकसभा अध्यक्ष चुनाइल रहलन.

मीरा कुमार पिछला लोकसभा चुनाव में बिहार से चुनाइल दू गो कांग्रेसी सांसदन में से रहली हऽ आ कैबिनेट में जल संसाधन मंत्री बनावल गइल रहली. तीने दिन बाद कांग्रेस उनका के लोकसभा अध्यक्ष बनावे के फैसला ले लिहलसि आ उनुका इस्तीफा दे देवे के पड़ल. बाद में उनुका के सर्वसम्मति से लोकसभा अध्यक्ष चुन लिहल गइल.

मीरा कुमार बाबू जगजीवन राम के बेटी हई आ ६५ साल पहिले पटना में उनुकर जनम भइल रहे, महतारी के नाम श्रीमती इन्द्राणी देवी हऽ. बाबू जगजीवन राम भर जिनिगी कांग्रेस में रहले बाकिर कबो उनका के प्रधानमंत्री बने लायक ना बुझल गइल. जवन हाल बाद में अर्जुन सिंह के भइल आ प्रणव मुखर्जी के हो रहल बा कांग्रेस कवनो दमखम वाला नेता के प्रधानमंत्री बनावे के खतरा ना ले सके. मनमोहन सिंह भलाआदमी आ सोझ होखला का चलते बनल बाड़े. मनमोहन सिंह के सबसे बड़का गुण उनकर लोकसभा के सांसद ना बने के ताकत बा.

मीरा कुमार बाबू जगजीवन राम का जियते में आपन विदेश सेवा के नौकरी छोड़ के राजनीति में आ गइल रही आ पहिलके लड़ाई में मायावती आ रामविलास पासवान जइसन दू गो मजगर दलित नेता के बिजनौर सीट पर हरा के सांसद बनल रही. बाद में दू हालि ऊ दिल्ली के करोलबाग सीट से चुनइली आ १९९९ में हार गइल रही. बाद में २००४ आ २००९ का लोकसभा चुनाव में अपना बाबूजी जगजीवन राम के इलाका सासाराम से चुनाव जीतत आवत बाड़ी. पिछला पांच साल से ऊ केन्द्रीय मंत्रीमण्डल में मंत्री रहली हऽ.

मीरा कुमार के पति मंजुल कुमार सुप्रीम कोर्ट के अधिवक्ता हउवन. मीरा कुमार के एगो बेटा आ दू गो बेटी बाड़ी स. पिछला चुनाव में मीरा कुमार अपना मतदाता लोगन से भोजपुरी में अपील जारी कइले रही.

(Added on 4 June 2009)