लक्ष्मी अइसन दुलहिन

जय माँ अम्बे मूवीज का बैनत तले बनल भोजपुरी फिलिम लक्ष्मी अईसन दुलहिन हमार के प्रदर्शन बिहार में ५ दिस्मबर से होखे जा रहल बा. युवा निर्मात्री पँखुड़ी सिन्हा के एह फिलिम के लेखन, संकलन आ निर्देसन जितेन्द्र सुमन कइले बाड़े. फिलिम के नायक के किरदार गौरव घई आ नायिका का किरदार में स्वीटी छापबड़ा बाड़ी. साथ मे बा लोग कल्पना शाह, राकेश पाण्डे, जय तिलक, पुष्पा वर्मा, कशिश दुग्गल, पूनम तिवारी, रूपा सिंह, सुनील बिहारी आ उदय श्रीवास्तव.

लक्ष्मी अईसन दुलहिन हमार के गीत शम्भूनाथ मिश्रा, सतीश मापतपुरी, कुकु प्रभाष, अंजुम खान के लिखल हवीं सन आ संगीत दिहले बाड़े पप्पू श्रीवास्तव, फिलिम के गाना अबहियें से लोग का जुबान पर चढ़े लागल बाड़ी सन.

फिलिम के नायिका स्वीटी छाबड़ा के पिछला साल सबले लोकप्रिय अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल रहुवे.

स्रोत: प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624