जान लेबू का

स्रोत :- धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर. फोन ९४१५२६६०५९

मनोज मिश्रा महुआ चैनल पर

प्रसिद्ध भोजपुरी फिल्म निर्माता सुधाकर पाण्डेय के चउथका भोजपुरी फिलिम रंग दे बसंती चोला से अपना फिलिमी कैरियर के शूरुआत करे वाला गोरखपुर के मनोज मिश्रा मिहिर हालही में भोजपुरी चैनल महुआ पर दू एपिसोड के कार्यक्रम दिहलन. उनुका के बिहाने बिहाने कार्यक्रम में एक एपिसोड में गावे खातिर बोलावल गईल रहुवे बाकिर उनुका गायकी से खुश हो के दू एपिसोड कर दिहल गईल.

बिहाने बिहाने के गायिका विजया भारती आ अजीत आनन्द मनोज के खूब प्रशंसा कइलन आ कहलन कि ऊ देश विदेश में भोजपुरी के नाम रोशन करीहन. प्रोड्युसर मलय मिश्रा के कहनाम बा कि मनोज मिहिर भोजपुरी के गायकी सबका ले हट के बा आ ऊ भोजपुरी के धरोहर बाड़न.

पहिलका एपिसोड में मनोज मिहिर दूगो गीत गवलन. पहिला रहे,
पिया बदरा करे मनमानी.
अंगनवा में भरे पनी.

दोसरका गीत गवलन,
ओसिया में बदरी, बदरिये में जाड़ बा,
सुति जा बलमुआ अंचरवे के आड़ बा.

Manoj Mishra Mihir with other artists

फोटो में अजीत आनन्द, विजया भारती, मनोज मिश्रा मिहिर, आ मलय मिश्रा

एह दुनू गाना का बाद चैनल के संचालक लोगकहल कि एके एपिसोड से काम ना चली दोसरको में गावे के पड़ी आ दोसरको एपिसोड रिकार्ड कर लिहल गईल. दोसरका में गीत गवलन,
हरे रामा, बहे पुरवईया, घरे ना सईंया रे हरी.

दोसरका गीत गवलन,
प्यार के जलवा में रंगवा निराला,
हो जाला प्यार,
प्यार कईल नाहीं जाला.

आ जब तीसरका गीत गवलन कि,
काहे रिसियाइल बाड़ू,
जान लेबू का.
बोलऽ मोरे सुगनी
परान लेबू का ?

त सब लोग जूम उठल आ गुनगुनाये लागल, जान लेबू का.

मनोज मिश्रा मिहिर का गायकी से प्रभअवित होके प्रसिद्ध संगीतकार धनंजय मिश्रो मनोज मिहिर के लेके महुआ चैनल पर एगो कार्यक्रम पेश करे वाला बाड़न.

मनोज मिश्र मिहिर से बात भईल त कहलन कि देश में कतहूं केहू कवनो सांस्कृतिक कार्यक्रम भा देवी जागरण वगैरह खातिर उनुकर सेवा ले सकेला.

मनोज मिश्र मिहिर के फोन नम्बर हऽ - 09450432966


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com