ससुरा बड़ा पईसावाला फिल्म के निर्माता सुधाकर पाण्डे के निधन
भोजपुरी फिल्मोद्योग के खड़ा कर के अपने चल दिहलन सुधाकर पाण्डे
भोजपुरी सिनेमा जगत के सवसे सफल फिल्म ससुरा बड़ा पइसा वाला के निर्माता सुधाकर पाण्डे के बियफे, २० अगस्त २००९ के मुंबई के मलाड में एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल. उनका लीवर के बेमारी रहुवे.
सुधाकर पाण्डे के कंपनी त्रिवेणी कला मंदिर के जन संपर्क सलाहकार शशिकांत सिंह से मिलल जानकारी मुताबिक १५ अगस्त १९७२ के यूपी का सुल्तानपुर में जनमल सुधाकर पाण्डे ससुरा बड़ा पइसा वाला से मनोज तिवारी के प्रस्तुत कइले आ चलत मुसाफिर मोह लियो रे से दिनेशलाल यादव निरहुआ के.
सुधाकर पाण्डे का निधन पर पूरा भोजपुरी सिने जगत मर्माहत बा. भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी उनका निधन पर बहुते दुख जतवले आ कहलें कि वर्तमान भोजपुरी फिल्मोद्योग के रचनाकार चल गइलें. सुधाकर पान्डे के अन्तिम संस्कार उनुका सुल्तानपुर के गाँव में कइल जाई. मनोज तिवारी पार्थिव शरीर का साथही सुल्तानपुर गइल बाड़े.
सुधाकर पाण्डे चार गो फिलिम बनवले, ससुरा बड़ा पइसा वाला, दरोगा बाबू आई लव यू, चलत मुसाफिर मोह लियो रे, आ रंग दे बसन्ती चोला. बाकिर साल २००४ में बनावल उनकर फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला आजु ले भोजपुरी निर्माता लोग के फिलिम बनावे खातिर प्रेरित करत रहेला. एही फिलिम का चलते भोजपुरी सिनेमा हिन्दी सिनेमा के समानान्तर खड़ा हो गइल.
सुधाकर पाण्डे के निधन पर भोजपुरी सिनेमा के लोगन के शोक संदेश आवत जा रहल बा. अबिनेत्री नगमा, निर्माता जगदीश शर्मा, सुनील बुबना, किशन खदरिया, डा॰संजय सिन्हा, मोनिका सिन्हा, जीतेश दूबे, अभय सिन्हा, महेश पाण्डे, असलम शेख, विनय आनन्द, रिंकू घोष, आ कुमार मोहन एह निधन पर आपन आपन गहरा दुख जतवले बा लोग आ कहले बा लोग कि सुधाकर पान्डे के निधन से भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो बड़हन आघात बा.
अँजोरियो का तरफ से सुधाकर पाण्डे के आत्मा के शांति के प्रार्थना कइल जा रहल बा आ उनका परिवार जन आ परिचितन का दुख में संवेदना प्रकट कइल जा रहल बा. भोजपुरी के लोकप्रिय बनावे में सुधाकर पाण्डे के फिलिम के योगदान के बड़हन महत्व बा.
स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806