जब प्यार हो गइल के पोस्ट प्रोडक्शन
ब्लैक पैंथर का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम जब प्यार हो गइल के पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से चल रहल बा. निर्माता अभिनव मिश्रा आ जेसिका सिंह के एह फिलिम के निर्देशन बक्सर वाला जगदीश सी पाण्डेय कर रहल बाड़न जे एकरा पहिले कई गो नामचीन निर्देशकन का साथ काम कर चुकल बाड़े.
फिलिम में नवोदित अभिनेता अभिनव मिश्रा आ जेसिका सिंह के रोमांटिक जोड़ी का साथे यशपाल शर्मा, असरानी, मुश्ताक खान, पुष्पा वर्मा, जय प्रकाश सिंह, राजेश तोमर, सुरेन्दर सिंह आ सुधीर दलवी बावे लोग. विष्णु शर्मा का दिलकश संगीत पर रमन द्विवेदी, शेखर अस्तित्व, पं॰रामचन्द्र दूबे़ आ विष्णूओ शर्मा के लिखल गीत शामिल बाड़ी सँ. छायांकन अशोक राव मंसुर शेख, एक्शन रियाज सुल्तान, कला विजय मयक्कर आ संपादन राकेश कारिया के बा.
फिलिम के शूटिंग सोनभद्र, पचगनी, वाई, आ महाबालेश्वर में करावल गइल बा. फिलिम अगिला महीना अक्टूबर में रिलीज होखे वाली बा.
स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624