बानर के करतब - जोड़ी बा अनमोल में
अबले कुछ हिन्दी फिलिमन में त रउरा बानर के करतब देख चुकल होखब बाकि भोजपुरी सिनेमा में पहिलका बेर बानर के करतब रउरा देख पाएब मधुलिका इन्टरटेनर्स का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिलिम जोड़ी बा अनमोल में.
एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा में पहिलका बेर आ रहल बाड़न मनीष चतुर्वेदी आ उनकर नायिका रहीहन लोकप्रिय अभिनेत्री स्वीटी छाबड़ा. भोजपुरी महानायक कुणाल सिंह, अवधेश मिश्रा, आशीष राज वगैरह भी फिलिम के खास किरदार करीहन जा. गीत सच्चिदानन्द कवच आ कमल राजू के लिखल रही. संगीत होखी गुणवन्त सेन के. फाइट मास्टर बाड़न रियाज सुल्तान आ नृत्य निर्देशन के काम कर रहल बाड़ण निहाल सिंह आ जेडी. कार्कारी निर्माता बाड़े दया दुबे, निर्माण नियन्त्रक भगवान पांडे आ छायाकार आर आर प्रिन्स.
जोड़ी बा अनमोल के शूटिंग एही महीना से बिहार में करावल जाई.
स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624