चोरवा बनल दामाद

मात्र २१ दिन का शुटिंग में पुरा हो गइल हँसी ठठ्ठा से भरल भोजपुरी फिलिम चोरवा बनल दामाद गोईंठा पर पकावल लिट्टी जस सवदगर हो गइल बा. एह फिलिम के चोर नायक के भूमिका करेवाला पवन सिंह अपना मजाकिया अंदाज से हँसावत हँसावत पेट में बाथा करा दिहन.

Kissing scene from Chorwa Banal Damad

अनिल अग्रवाल के बनावल आ राजेश त्यागी के निर्देशित एह फिलिम के कहानी सुनते पवन सिंह हँकारी भर दिहले आ कहलें कि एह फिलिम के जल्दी से सेट पर ले आ दिहल जाव. उहे भइल आ फिलिम एकइसे दिन का शूटिंग में पुरा बन गइल.

चोरवा बनल दामाद के खास किरदारन में पवन सिंह, रुबी सिंह, सीमा सिंह, अली खान, अमृत पाल, नीलिमा सिंह, माया यादव, समीर पाण्डेय आ जयदेव सिंह बाड़े. कहानी ओपी सिंह के लिखल हऽ, गीत बिनय बिहारी के, संगीत राजेश गुप्ता के आ मारधाड़ रियाज सुल्तान के बा. सुल्तान शेख एह फिलिम के सह निर्माता बाड़े आ प्रचारक बाड़े शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा.

चलीं तइयारे रहल जाव एह फुल कामेडी भोजपुरी फिलिम के देखे खातिर.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806