भोजपुरी फिल्मोद्योग में उल्लेखनीय योगदान खातिर प्रशान्त सम्मानित
पिछला दिने पटना में आयोजित एगो समारोह मे भोजपुरी फिलिमन के प्रतिष्ठित पीआरओ प्रशान्त के भारत रत्न लालबहादुर शास्त्री पुरस्कार २००९ से सम्मानित कइल गइल. सम्मान स्वरूप प्रशान्त के एगो प्रतीक चिन्ह, अंगवस्त्र, प्रमाणपत्र बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री डा॰जगन्नाथ मिश्र आ राज्य मानवाधिकार आयोग के अध्यक्ष आर आर प्रसाद का हाथे दिहल गइल. मौका पर बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी आ राज्यसभा सांसद आजाद मौजूद रहलन.
समारोह के आयोजन बिहार इण्डस्ट्रीज एसोसिएशन का सभागार में भारतमाता वेलफेयर सोसाइटी आ न्यूज प्लस चैनल कइले रहे. प्रशान्त निशान्त के सराहना करत पूर्व मुख्यमंत्री डा॰जगन्नाथ मिश्र आ वर्तमान उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहलन कि एही तरह जरुरत बा अपना भाषा आ अपना क्षेत्र के बढ़ावा देबे वाला लोग के.
समारोह में सहारा समय के विशेष संवादाता आशुतोष कुमार आ वरिष्ठ छायाकार कृष्णमुरारी किशनो के सम्मानित कइल गइल. सम्मान से अभिभूत प्रशान्त कहलन कि ऊ अपना सबे निर्माता, निर्देशक, अभिनेता, अभिनेत्री, आ सहयोगियन का साथ मिल के पूरा देश के मीडिया कर्मियन के धन्यवाद देत बाड़े जे उनका के एह सम्मान लायक बनावे में निस्वार्थ भाव से सहयोग दिहल.
प्रशान्त निशान्त करीब २०० फिलिमन के प्रचारक रह चुकल बाड़े आ भोजपुरी के पहिला टीवी चैनल महुआ के राष्ट्रीय पीआरओ हउवन. एकरा अलावे ऊ भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन, दिनेश लाल यादव, पवन सिंह, सुदीप पाण्डेय, जुनियर निरहुआ, पंकज केसरी, पाखी हेगडे, आ रिंकू घोष के निजी प्रचारक हउवन आ सुपर स्टार मनोज तिवारीओ के तीन साल ले निजी प्रचारक रह चुकल बाड़न.