दू गो पटनहिया हीरो पंकज आ मनीष एक साथे
ईटीवी पर आवे वाला जनता एक्सप्रेस के एंकर के भूमिका में रउरा मनीष महीवाल के कई साल से देख रहल बानी. ऊ क६ गो फिलिमो कर चुकल बाड़न आ अब उहे मनीष पंकज केसरी का साथे भोजपुरी फिलिम हीरो हीरा लाल में नजर आवे जा रहल बाड़े. देखे लायक होखी कि एह दुनू पटनहिया हीरो में से केकर जादू दर्शकन पर भारी पड़ी. फिलिम प्रदर्शन खातिर बन के तइयार बा आ बिहार के सबसे बड़ निर्माता, वितरक, आ बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष डा॰ सुनील एह फिलिम के बिहार में रिलीज करीहन.
द ग्रेट हीरो हीरालाल के निर्माता हउवें वंशमणी शर्मा आ निर्देशक सनोज मिश्र. फिल्म के प्रस्तुत कइले बाड़े भजन सम्राट अनूप जलोटा. गाना श्यमा देहाती आ अशोक सिन्हा के लिखल हई सन आ संगीत दिहले बाड़न गुणवन्त सेन. फिल्म के कास किरदार पंकज केसरी, मोनालिसा, मनीष महीवाल, प्रिया शर्मा, कल्पना शाह, निर्मल पाण्डेय, आनन्द मोहन, अशोक चौधरी, जफ्फर खान, राकेश त्रिपाठी, कैलाश चौधरी, सुमिता शर्मा, आ अजीत भगत कर रहल बाड़न.
स्रोत संजय भूषण पटियाला, मुंबई से.