पूरा तरह से असली कॉमेडी चोरवा बनल दामाद
भोजपुरी सिनेमा के पूरा तरह से आ असली कॉमेडी फिलिम चोरवा बनल दामाद आजुकाल्हु गरमा गरम लिट्टी बनल बा जेकर सभे दिवाना बा. हाई स्पीड में बनल एह फिलिम में भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह एगो अइसन चोर के भूमिका कइले बाड़े जे अपना भूमिका से देखेवालन के हँसा हँसा के लोटपोट कर दिही.
चोरवा बनल दामाद के निर्माण अनिल अग्रवाल कइले बाड़न आ निर्देशक हउवन रजनीश त्यागी. खुद पवन सिंह एह फिलिम में अपना भूमिका से बहुते उत्साहित बाड़न. फिलिम के स्क्रिप्ट सुनते ऊ हामी भर दिहले रहले आ कह दिहले रहलन कि सबसे पहिले इहे फिलिम सफ्लोर पर जाई. फिलिम फ्लोर पर गइल आ सुपर सोनिक स्पीड में एकइस दिन का शूटिंग ममें ई फिलिम पूरा कर लिहल गइल.
एच टू ओ प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह फिलिम में पवन सिंह का अलावा खाँटी भोजपुरिया नायिका रुबी सिंह, सीमा सिंह, अली खान, अमृत पाल, नीलिमा सिंह, माया यादव, समीर पांडे आ जयदेव सिंह खास भूमिका में बा लोग.
चोरवा बनल दामाद के कहानी ओपी सिंह के लिखल हऽ आ गीत विनय बिहारी के. संगीत दिहले बाड़े राजेश गुप्ता. एक्शन मास्टर रियाज सुल्तान बाड़े त सह निर्माता सुल्तान शेख. प्रचारक शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा के बनावल गइल बा.
त चलीं तइयार हो जाइल जाव पूरा तरह से असली कामेडी फिलिम चोरवा बनल दामाद देखे खातिर.
स्रोत : शशिकान्त सिंह