अखियाँ बसल तोहरी सूरतीया के भव्य मुहुर्त
निर्माता दिनेश कुमार के भोजपुरी फिलिम अखियाँ बसल तोहरी सूरतीया के भव्य मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का नटराज डांस हॉल में कइल गइल. अल्टीमेट विजन का बैनर में बन रहल एह फिलिम के मुहुर्त के नारियल निर्देशक आनन्द रावत तूड़लें.
अखियाँ बसल तोहरी सूरतीया के मुख्य किरदारन में आनन्द भारद्वाज, इंद्राणी, सीमा राजपुर, राजीव मिश्रा, डा॰ अजय झा, राजेश मिश्रा, दिनेश बागड़ी, हनुमना, आ ललन सिंह शामिल बाड़े. रोमांटिक थीम पर बने जा रहल एह फिलिम के कहानी अभय कुमार, गीत रमन द्विवेदी, आ पटकथा संवाद आकाश भारद्वाज के लिखल हऽ. संगीतकार हउवें विष्णु मिश्रा.
फिल्म के शूटिंग जल्दिये शुरु होखे जा रहल बा.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त, मुंबई आ पटना