निरहुआ के नक्शे कदम पर जूनियर निरहुआ
भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के एक्शन सीन के त पूरा भोजपुरिया समाज कायल बा. उनकर एक्शन देख के लोग कुर्सी छोड़ के नाचे लागेला. अब उनकर छोट भाई प्रवेशोलाल ओहि नक्शे कदम पर चल दिहले बाड़े. अइसनके एगो नजारा देखे क मिलल भोजपुरी फिलिम तू ही मोर बालमा का सेट पर जहाँ एगो हैरत अंगेज खतरनाक स्टंट सीन जूनियर निरहुआ अपने देत रहले.
एक्शन मास्टर शकील कहलें कि तू ही मोर बालमा खातिर एगो बेहद कतरनाक स्टंट फिल्मावे के रहे आ ओकरा तइयारी में हमनी का मु्बई से एगो स्टंटमैन के बोलाइयो लिहले रहीं. एही बीच दूर से तइयारी देखत प्रवेशलाल चहुँपले आ कहले कि ई सीन ऊ खुदे करीहें. पहिले त निर्देशक असलम शेख से ले के पूरा युनिट उनका के मना कइलस बाकिर ऊ जिद्द पर अड़ गइले. मजबूरन उनके के ले के ऊ सीन फिल्मावे पड़ल आ गजब त ई रहल कि एके बेर में ऊ सीन ओके हो गइल.
एह सीन में प्रवेश हवा में छलांग लगावत गुंडन के जोरदार पिटाई कइलन. प्रवेश बतवलन कि ऊ सीन करके उनुका बहुते मजा आइल आ उनुका पूरा उम्मीद बा कि देखहूवाला लोग ओह सीन के देखत घरी आपन साँस रोक लीहि. चलीं तइयार रहल जाव ऊ सीन देखे के जवना के स्टंट मास्टरो बड़ाई करत बाड़े.
स्रोत : मुंबई आ पटना से प्रशान्त निशान्त