रिलीज होखे से पहिलही रिकार्ड बनावे लागल चोरवा बनल दामाद

भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के फिलिम चोरवा बनल दामाद भलही अबहीं रिलीज नइखे भइल बाकिर रिकार्ड पर रिकार्ड बनावल जात बिया. सबसे ताजा रिकार्ड ई बा कि चोरवा बनल दामाद बिहार में अब तके ले के सबसे बेसी दाम पर बिकाइल बिया. अउर त अउर, एही फिलिम का रिकार्डिंग का दौरान पवन सिंह के पता चलल कि उनकर एगो फिलिम बिहार में सफलता के झण्डा गाड़ रहल बिया.

Pawan Singh

चोरवा बनल दामाद के निर्माण अनिल अग्रवाल कइले बाड़न आ निर्देशित कइले बाड़न रजनीश त्यागी. फिल्म के पेश करे जा रहल बा आदि शक्ति इंटरप्राइजेज. निर्माता अनिल अग्रवाल आ निर्देशक रजनीश त्यागी के कहना बा कि ई एगो कॉमेडी वाली रोमांटिक फिलिम हऽ जवना के गाना के कमाल के बनल बा. खास बात ईहो बा कि पहिलके बार आयटम नम्बर कर के चरचा में आ जाये वाली सीमा सिंह एह फिलिम से बतौर नायिका आप कैरियर शुरु कर रहल बाड़ी. सीमा सिंह का साथही एह फिलिम में रूबी सिंह, जयदेव सिंह, समीर पान्डे, अली खान, नीलिमा सिंह, माया यादव, अमृत पाल, आ प्रिया पांडे के खास खास भूमिका बा. एचटूओ प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह फिलिम के लेखक ओ पी सिंह, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता आ प्रचारक शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा हऽ लोग.


स्रोत : शशिकान्त सिंह