चोरवा बनल दमाद में पूरा धमाल बा, कहलें अनिल अग्रवाल

अनिल अग्रवाल के पहिलका फिलिम जोगी जी धीरे धीरे देखेवाला, परखेवाला, आ आलोचक सबका नजरी में एगो मनोरंजक फिलिम करार दिहल गइल रहे त एह नौजवान निर्माता के हौसला बुलन्द हो गइल आ ऊ अपना दुसरकी फिलिम फुलौरी बिना चटनी कइसे बनी का म्यूजिके रिलीज पार्टी में अपना तीसरका फिलिम के एलान कर दिहलें. आज उहे फिलिम चोरवा बनल दमाद का नाम से बन के पूरा हो चुकल बा.

Film producer Anil Agrawal

एक दू तीन करत लगातार भोजपुरी फिलिम बनावत जाये का उत्साह में डटल अनिल अग्रवाल से उनकर भावी योजना का बारे में बात कइनी त जवन सामने आइल ओहिमें से कुछ एहिजा परोस रहल बानी

जोगी जी धीरे धीरे, फुलौरी बिना चटनी कइसे बनी, आ अब चोरवा बनल दमाद. तीनो के स्थिति बताईं.

हमार ई तीनो फिलिम बढ़िया बाड़ी सन. चोरवा बनल दमाद में त पूरा धमाल बा. जोगीजी धीरे धीरे बिहार में रिलीज हो चुकल बा, हिटो हो गइल बा. एही महीना ओकरा के दिल्ली, यूपी फेर मुंबई में रिलीज करे जा रहल बानी. फुलौरि बिना चटनी कइसे बनी दिसम्बर में मुंबई में रिलीज होखी आ फेर एक एक करके दोसरो टेरिटरी में प्रदर्शित करब.

आ चोरवा बनल दमाद? एकर का हाल बा?

फिलिम के शूटिंग पूरा हो चुकल बा, दिसम्बर तक ले पोस्ट प्रोडक्शन के सगरी काम पूरा हो जाई आ फरवरी में चारो तरफ रिलीज करब. एकर निर्देशक रजनीश त्यागी हउवन.

पवन के लेके सोलो हीरो वाली फिलिम चोरवा बनल दमाद बनवली. एकर योजना कइसे बनल?

कहानी के पात्र के मांग देखिये के हम पवन सिंह के साइन कइनी. रउरा मानब ना, बाकिर कहानी सुनते पवन सिंह तुरते हँ कह दिहले आ सबसे पहिले एही फिलिम के शूटिंगो शुरू करवा दिहलम. एकर शूटिंग पूरा भइला का बादे अपना अगिला फिलिम के कवनो डेट दिहलन.

चोरवा बनल दमाद में आयटम गर्ल सीमा सिंह के सोझे हीरोइने बना दिहनी. का बात रहे?

बेस्ट आयटम गर्ल के खिताब जीतला का बाद हर केहू सीमा सिंह के जाने लागल. हमरो बुझाइल कि सीमा सिंह में बहुते दम बा. एगो समग्र नायिका खातिर नृत्य कला त बहुते जरुरी होला. फेर काहे ना इनकरे दोसरो खूबी उभारल जाव. बस, बना दिहनी हीरोइन आ उहो निराश ना कइली बलुक उमेद से बेहतरे कर देखवली.

Chorwa Banal Damad.

एह फिलिम के नाम कइसे रखाइल? का केहू गलती से अपना बेटी के बियाह चोर से कर देत बा?

ना, इहे त कहानी बा! पवन सिंह के डबल रोल बा, एगो ठाकुर के बेटा हऽ त दोसरका हालात का चलते चोर बन जात बा. फिलिम में अइसन अइसन मोड़ आ फिरकी बा कि रउरा हँसत हँसत लोटपोट हो जायब. एहमें चोरवा के कवनो गलती नइखे. लड़किये के माई बाप आपन बहादुरी देखावे खातिर एगो चोरे के घर के दमाद बना लेत बाड़न.

निर्देशक रजनीश त्यागी कइसन कइलन? फिलिम का साथे न्याय भइल बा कि ना?

एकदम. रजनीश त्यागी त पूरा जी जान लगा दिहले रहन एह फिलिम खातिर. आ इहे कारण बा कि फिलिम समय से पहिलही तइयार हो गइल. बहुते बढ़िया डायरेक्टर बाड़े रजनीश त्यागी.

आजु का हालात में रउरा का निमन लागत बा का खराब?

निमन ई बा कि फिल्म निर्माण का हर क्षेत्र में नया नया लोग आ रहल बा आ निमन काम कर रहल बा. खराब बात ई बा कि लोग नकले करे में व्यस्त बा. जबकि नकलो करे में ओतने मेहनत लागेला, पइसो लागेला, आ फेर रउरा पर तरह तरह के नकल के आरोप लागेला. नकल कइल हमेशा खराब होला, नुकसानदेह होला. एकरा से राउर क्रियाशीलता आ रचनात्मकता कतम हो जाले. हम त अपना हर फिलिम कि नकल से कोसो दूर राखीले.

रउरा कंपनी के नाम एचटूओ हऽ. ई त जल के रासायनिक सूत्र के नाम हऽ?

सही कहत बानी. हमरा फिलिम के नामो उहे हऽ, मतलबो उहे हऽ. पानिये हमार बैनर हऽ, ओकर सप्लाईये हमार बिजनेस. हमरा बिजनेस का जड़ में पानिये बा.

मतलब?

मुंबई में टेंकर से पानी बाटल हमार बिजनेस हऽ, इहे हमरा के सुकून देला. भलही ई हमार बिजनेस हऽ बाकिर दोसरा के पानी पियावल त पुन्यो के काम हऽ. हम भगवान के मानीले इ भगवान पर पूरा भरोसा राखीले.

आगा क योजना?

अगिला प्रोजेक्ट पर काम चल रहल बा, स्क्रिप्ट फाइनल हो जाय तब एलान करब, अबही त पूरा धेयान चोरवा बनल दमादे पर लागल बा!


स्रोत : शशिकान्त सिंह