फेर भोजपुरिया रंग में रंगइहें अमर उपाध्याय

Amar Upaddhyayछोटका परदा पर मिहिर विरानी का नाम से मशहूर अभिनेता अमर उपाध्याय एक हालि फेर भोजपुरिया रंग में रंगाइल चाहत बाड़े. अपना लगे आवत निर्माता निर्देशकन के ऊ बता चुकल बाड़े कि अब ऊ भोजपुरी फिलिम करे खातिर तइयार बाड़े. स्टार प्लस का मशहूर धारावाहिक बिदाई में धनंजय सिंहानिया के किरदार करे वाला अमर के कहनाम बा कि उनका भोजपुरी फिलिम करे में बहुते मजा आइल रहे आ भोजपुरी भाषा आ ओकरा से जुड़ल लोग बहुत नीक लागेला. भोजपुरी में मिठास का साथे साथ अपनोपन बा. अतना दिन काहे भोजपुरी से अलग रहलन का सवाल पर अमर कहलन कि कुछ निजी समस्या आ छोटका पर्दा पर व्यस्तता का चलते रहे के पड़ल.

आधा दर्जन से बेसी भोजपुरी फिलिमन में अभिनय कर चुकल अमर के सफल फिलिमन में धरमवीर, हम बाहुबली, ई रिश्ता अनमोल बा, आ तू बबुआ हमार के गिनल जा सकेला. आजुकाल्ह अमर उपाध्याय के कई गो हिन्दी फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त