पवनसिंह के इजहारे मोहब्बत

Pawan Raniभोजपुरियन का दिल के राजकुमार पवन सिंह हालही में आपन इजहारे मोहब्बत करिये दिहलन. कर दिहलन एलान अपना प्यार के, आ उहो हॉट अदाकारा रानी चटर्जी से आ भर लिहलन रानी के अपना बाँहिन में आ लिपट गइलन. एह खुलापन का साथे पवन के इजहारे मोहब्बत के खूबसूरत सीन देखे के मिलल ऋषि फिल्म इन्टरनेशनल आ ए के मीडिया इन्टरटेनमेंट का बैनर मे बनत भोजपुरी फिलिम जब केहू दिल में समा जाला का सेट पर जहवाँ पवन सिंह एगो गाना के शूटिंग का दौरान ई सब कइलन.

निर्माता अशोक गुप्ता आ मिथिलेश अविनाश निर्देशित एह फिलिम में पवन सिंह आ रानी चटर्जी के मुख्य भूमिका बा आ ओह दुनु जने में प्यारो के एंगल बा. रोमांस आ एक्शन के तड़का मारल एह फिलिम का शूटिंग का दौरान अपना इजहारे मुहब्बत का बारे में पवन के कहनाम रहे कि फिल्म का ओह दुश्य में नायक नायिका से पहिला बेर अपना प्यार के इजहार करत बा आ ओहमें रियल फील ले आवे खातिर ऊ तनी बेसिये फीलिंग ले आ दिहलन. खैर, ई फीलिंग रील के रहुवे कि रियल ई त समये बताई. बहरहाल एह फिलिम में पवन आ रानी का साथ साथ भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह, कल्पना शाह, किशनदेव, माया यादव, आ के के गोस्वामी खास किरदारन में बाड़े.

हरीश गुप्ता एह फिलिम के सह निर्माता हउवें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त