चोरवा बनल दामाद हमार साध पूरा दिहलस सीमा सिंह

Item dancer Seema Singhसीमा सिंह अभिनय के दुनिया के ऊ बिजुरिया हई जिनका के थिरकत देख पूरा थियेटर थिरके लागेला. अब उहे बिजुरी आ इलाहाबाद के ठेठ भोजपुरिया बाला सीमा सिंह चोरवा बनल दामाद में बतौर नायिका सामने आ रहल बाड़ी. एह फिलिम में ऊ पवन सिंह के नायिका बाड़ी फिलिम छह फरवरी से रिलीज होखे जा रहल बिया आ सीमा सिंह पूरा उत्साह में बाड़ी. उनका से भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा...

अब त रउरो के सिनेमा का परदा पर नायिका का रुप में पहिचानल जाई ?

साँच कहीं त नायिका बने के हमार साध पूरा कर दिहलस चोरवा बनल दामाद. एकरा खातिर हम निर्माता अनिल अग्रवाल आ निर्देशक रजनीश त्यागी के शुक्रगुजार बानी.

चोरवा बनल दामाद के ले के रउरा कतना उत्साहित बानी ?

हम त बहुते उत्साहित बानी. हम जानत बानी कि ई फिलिम हमरा के कामयाबी के नया राह पर ले जाई.

आजुकाल्ह त हर जगहा रउरे जलवा बा. का कहेम ?

बढ़िया बात बा. हमरो बहुत अच्छा लागत बा. मेहनत सफल रहल आ कामयाबी केकरा ना भावे ?

Bhojpuri Actress Seema Singhआयटम गर्ल कहावल कइसन लागे ला ?

उहो अच्छा लागे ला काहे कि आयटमे डांस से हमार पहिचान बनल. आज हम जवने बानी तवन सब आयटमे सांग कइला का चलते.

कबो खास कर के हीरोइन बने के कोशिश ना कइनी ?

ना. काहे कि आयटम डांस कर के हम आपन एगो पुख्ता जगह बना लिहले बानी आ हम नायिका बने के रिस्क लिहल ना चाहत रहीं.

कुछ अपना परिवार का बारे में बताईं.

इलाहाबाद के रहे वाला हईं. राजपूत खानदान से हईं. पापा कतई ना चाहत रहन कि हम फिल्मी दुनिया में जाईं बाकिर मम्मी हमेशा सपोर्ट कइलस. हमरा लड़िकाइयें से साध रहे फिलिम में काम करे के.

फिलिम में काम करे के शौक कइसे बनल ?

बचपने से हमरा डांस से लगाव रहुवे आ सभे कहे कि फिलिम में जो. हम आ हमार बहिन शुरुवे से स्टेज शो करत रहीं सँ त हमरो बुझाइल कि हमार आखिरी मंजिल त फिलिमे होखी. बस एही चलते फिलिमन में आ गइनी.

राउर पहिलका फिलिम कवन रहे ?

सुनील बुबना के कहाँ जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के.

अबले कवना कवना भाषा का फिलिमन में काम कर चुकल बानी ?

राजस्थानी, मराठी, हिन्दी, गुजराती, आ भोजपुरी.

कवन कवन डांस सीखले बानी ?

वेस्तर्न आ क्लासिकल दुनु तरह के.

राउर पसन्दीदा नृ्त्य निर्देशक ?

पप्पू खन्ना आ कानू मुखर्जी.

डांस आ एक्टिंग का अलावे अउरी का कइले बानी ?

सारेगामा के पब्लिसिटी खातिर काम कइले बानी, अल्ट्राटेक, अंबुजा, संतूर, विप्रो जइसन कंपनियन खातिर स्टेज शो कइले बानी.

चोरवा बनल दामाद में राउर भूमिका का बा ?

एकर मेन लीड हमहीं बानी आ साथही एगो आयटमो डांस कइले बानी.

राउर आइडियल एक्ट्रेस के हऽ ?

श्रीदेवी.

आजुकाल्ह त ढेरे लोग आयटम गर्ल बा. राउर कंपटीशन केकरा से रहे ?

हमार केहू से कबो कवनो कंपटीशन ना रहल बलुक अपने से रहल. हर बेर इहे कोशिश रहेला कि पहिले से बेहतर काम करीं आ देखेवालन के खाली सीटिये ना तालियो ले सकीं.

भविष्य में कवना डायरेक्टर साथे काम कइल चाहेब ?

महेश भट्ट का साथे.

राउर पसन्दीदा भोजपुरी फिलिम ?

जोगी जी धीरे धीरे, त्रिनेत्र, बृजवा आ (हंसत हँसत) चोरवा बनल दामाद.


स्रोत : शशिकान्त सिंह