रविकिशन आ रिंकू घोष फेर एक साथे

Ravi Kishan and Rinku Ghosh in Balidaan भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन आ हॉट एण्ड हिट अदाकारा रिंकू घोष के खूबसूरत आ हसीन जोड़ी एक बेर फेर से दर्शकन का बीच धमाल मचावे खातिर तइयार बा भोजपुरी फिलिम बलिदान में. एह फिलिम में रविकिशन आ रिंकू घोष मियां बीबी का किरदार में बा लोग. स्वाभाविक बा कि दुनु जने पर कई गो रोमांटिक गाना खूबसूरत सीनरी का साथे फिल्मावल गइल बा.

वी॰एस॰ फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर में बनल आ शाम परवानी के प्रस्तुति बलिदान के निर्माता हउवें विश्वनाथ शेट्टी आ निर्देशन के कमाल सम्हरले बाड़े यंग आ डायनामिक डायरेक्टर के॰डी॰ जिनकर ब्लाकबस्टर फिलिम निरहुआ रिक्शावाला आ श्रीमान ड्राइवर बाबू सभका याद बा. फिल्म बलिदान के गीत संगीत अशोक कुमार दीप के बा आ कहानी मसूद पटेल के. फिल्म के कैमरा में कैद करे क काम फिरोज खान कइले बाड़े. फिल्म एह महीना रिलीज होखे वाली बा.

बलिदान का खास कलाकारन में रविकिशन आ रिंकू घोष का साथे बालीवुड स्टार जैकी श्राफ, राजीव दिनकर, गुंजन पंत, अणिल यादव, दीपक सिन्हा, आ नविदित तारिका अम्बिका मुख्य भूमिका में बावे लोग.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त