निरहुआ के अपील

Nirahua भोजपुरी सिनेमा के किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहूआ अपना दर्शकन के मनोरंजन के हरदम ध्यान में राखेलें. ऊ कतई ना चाहस कि उनुका प्रशंसकन का साथे कवनो धोखा होखे बा ओह लोग के निराश होखे के पड़े. एहीसे निरहुआ अपना दर्शकन के बतावल चाहत बाड़े कि कुछ निर्माता उनका पुरान फिल्म के नया नाम दे के आ नया डिजाइन बना के नया फिल्म बतावत रिलीज कर रहल बाड़े. हालही में रिलीज होखे जा रहल फिल्म निरहुआ बनल डॉन का बारे में उनकर कहनाम बा कि ई फिलिम पहिले रिलीज गंगा तोहरे देश में के टाइटिल बदल के रिलीज कइल जा रहल बा. ऊ दर्शकन से एह फिलिम के ना देखे के अपील कइले बाड़े.

एगो अउरी फिलिम रंगीला बाबू ओ के ओकर निर्माता नाम बदल के रिलीज करे जा रहल बाड़े. दर्शक लोग एह फिलिमन के देख के अपना के ठगाइल महसूस करीहें एहसे ऊ पहिले सबके चेता दिहले बाड़े. कहले बाड़े कि दर्शक सचेत रहस आ निरहुआ का नाम पर ठगाये जाये से बचस.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त