केसी बोकाडिया के भावुक कर दिहलें मनोज तिवारी

K.C.Bokadia सिनेमा का परदा पर अमोताभ बच्चन से ले के रजनीकांत आ धर्मेन्द्र तक के निर्देशित कर चुकल निर्माता निर्देशक केसी बोकाडिया के भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी अपना एगो बेहतरीन सीन से भावुक बना दिहलन आ आँखी में लोर भरले केसी बोकाडिया मनोज के अँकवारी में भर लिहलन. कहलन कि अमिताभ बच्चन का बाद पहिलका बेर कवनो अभिनेता के अतना दमदार अभिनय करत देखले बाड़े.

मौका रहे केसी बोकाड़िया के पहिलका भोजपुरी फिलिम आज के औलाद के शूटिंग के जवना के ऊ खुदे निर्देशितो करत बाड़न. गोगाँव का गो स्टूडियो में दलत पहिला दिन के शूटिंग में मनोज तिवारी के एगो भावुक सीन करे के रहे आ मनोज आँख में ग्लसरीन लगवले बिना भर आँख लोर छलछला लिहलन. जइसहीं दू पन्ना के डअयलाग खतम भइल मनोज तिवारी के मानिटर का सोझा बइठल केसी बोकाडिया भावुक हो उठलन आ उनको आँख भर आइल. कहलन कि अतना बेहतरीन शॉट करत अमिताभे के देखले रहलन. सेट पर मौजूद सगरी लोग ताली बजा के आपन खुशी जतावल.

आज के औलाद में मनोज तिवारी का साथ पवन सिंह पहिला बेर आइल बाड़न आ साथ में बाड़ी मोनालिसा. अवधेश मिश्रा, अनूप अरोड़ा आ एयाजो खान बाड़े एह फिल्म में.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा