देखहूं वालन के कुछ नया चाहेला, कहलें संजय पाण्डेय

Sanjay Pandey संजय पांडेय सिनेमाई परदा के ओह खलनायक के नाम ह जेकर चहेता हउवें प्राण आ परदा पर संजय पांडेय के खलनायकी देखेवालन के रोँआ खाड़ कर देला. घर द्वार, हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुँआरी, गब्बर सिहं, बृजवा, दिवाना समेत कुल डेढ़ दर्जन फिल्मन में खलनायकी कर चुकल बाड़े. रंगमंच से भोजपुरी सिनेमा में आवे वाला गिनल चुनल खलनायकन में से बाड़ें संजय पाण्डे. उनकर कैरिय ग्राफ उनका के हमेशा शिखर पर राखेला. पेश बा उनका से भइल बातचीत के कुछ अंश...

राजकुमार पांडेय के दिवाना त रउरा के टॉप के खलनायक बना दिहलस. अपना सफलता का बारे में राउर का सोच बा ?

सफलता हमरो नीक लागेला बाकिर हम एह सफलता से फुलाइल नइखीं, उत्साहित जरुर बानी. आ एह सफलता के श्रेय हम राजकुमार पांडेय जी के दिहल चाहब.

राउर चहेता विलन त प्राण साहब हउवें बाकिर भोजपुरी सिनेमा में आजुवो खलनायकन के ओह लोग का नाम से ना चिन्हल जाला. हिन्दी में त लोग नामे से चिन्हेला.

एकर वजह ई बा कि भोजपुरी में विलेन के कुछ नया करे के मौका ना मिले. हिन्दी सिनेमा में प्राण साहब, गुलशन ग्रोवर, अमरीश पुरी के रइसजादा विलेन का रुप में दिखावे के मौका दिहल गइल बाकिर भोजपुरी फिल्मन में सगरी विलेन एके जइसन देखावल जालें. ई त हमार खुशकिस्मती बा कि हमरा जवन निर्देशक मिललें ऊ प्रयोग पर भरोसा करे वाला बाड़न.

भोजपुरी खलनायक त एके रुटीन पर चलेला. उहे ठाकुर, उहे बाहुबली.

देखीं चौदह आने फिलिमन में खलनायक के चरित्र त उहे रहेला बस एक्टर बदल जालें. लेखको लोग खलनायक पर बेसी मिहनत ना करे आ हमेशा रुटीने खलनायक देखा देला.

रउरा फिलिमन में त खलनायक का चरित्र पर प्रयोग भइल रहे ?

तबहियें नू ई फिलिम सुपर डुपर हिट भइल रहीं सँ. देखहूं वालन के कुछ नया चाहेला. हमनी का कंप्यूटर लैपटॉप का जमाना में ब्लैक एंड व्हाइट टीवी वाला जमाना के खलनायक बनायब त देखे वाला त ओकरा के नकारिये दीहें.

संजय, रउरा त भोजपुरी के बड़हन बड़हन स्टार रविकिशन, निरहुआ, विनय आनन्द आ पवन सिहं का साथे काम कर चुकल बानी आ अब मुकेश पांडे के फिल्म लाल लुग्गा में मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे काम करे जा रहल बानी. जाहि बा कि रउरा उत्साहित होखब ?

एकदमे. निर्माता मुकेश पांडे आ निर्देशक मंजुल ठाकुर जब बतवलें कि हम मनोज तिवारी का साथे लाल लुग्गा कर रहल बानी त हमरा बहुते खुशी मिलल.

रउरा के ले के एगो जोखिम महेशो पांडे उठावे जा रहल बाड़न, सुने में आ रहल बा कि ऊ अपना फिल्म जोड़ी लागे रे कमाल में एगो पाजिटिव किरदार दे रहल बाड़े ?

महेश पांडे जी बहुते सुलझल निर्माता निर्देशक हईं. ऊहां के हमरा से वादा कइले रहीं कि हमरा से पाजिटीव किरदार करवाएब आ उहे वादा पूरा कर रहल बानी. एकरा खातिर हम उहाँ के आभारी रहब. वइसे किरदार कइसनो होखे, ओकरा में कवनो जोखीम ना होले, बशर्ते ओकरा के ईमानदारी से कइल जाव.

रउरा पहिलका खलनायक बानी जे भोजपुरी सिनेमा में रंगंच से आइल बा. कुछ ओहू अनुभव का बारे में ?

हम बारह साल थियेटर कर चुकल बानी. मध्यप्रदेश का कटनी में पढ़ाई का दौरानो थियेटर कइनी जवन भोपाल आ फेर मुंबईओ में जारी रहल. तीन साल बंसी कौल का साथे भोपाल में थियेटर कइनी, मुंबई में पंडित सत्यदेव दूबे का साथे दू साल ले.

खलनायकी करे में थियेटर के अनुभव कतना कामे आइल ?

बहुते फायदेमंद रहल ऊ अनुभव. रंगमंच पर कलाकार के संपूर्ण विकास होला. ऊ अनुभव आ अभ्यास सिनेमा में बहुते फायदा देला.

रउरा त हर बड़का निर्देशक का साथे काम कर रहल बानी. जगदीश शर्मा, राजकुमार पांडे, मंजुल ठाकुर, महेश पांडे के त रउरा फेवरिट हो गइल बानी. कुछ अपना आवेवाली फिलिमन का बारे में बताईं.

ई हमार खुशकिस्मती बा कि हम उहाँलोगन के फेवरिट बानी. हम सबका के धन्यवाद देत बानी कि हमरा पर भरोसा कइनी सभे. हमरा आवे वाली फिलिमन में देवरा बड़ा सतावेला, दाग, सात सहेलियां, सईंया का साथ मड़ईया में,बताशा चाचा बाड़ी सँ.

रउरा महुआ टीवी का धारावाहिक आँचल में छा गइल बानी. एकरा बारे में का कहब ?

हँ. ई त राजा मुखर्जी के साहस बा कि जहवाँ हम अतना फिलिमन में मुख्य खलनायक के किरदार करत बानी उहाँ के जोखिम लेत हमरा के सकारात्मक किरदार दिहनी जवना के दर्शको पसन्द कर रहल बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा