रविकिशन के दशावतार

Ravi Kishan भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन के दशावतार जल्दिये दर्शकन के बड़का परदा पर देखे के मिली जब यशी फिल्म्स इंटरनेशनल के चंदू के चमेली रिलीज होखी. एह फिलिम में रविकिशन गाँव के छोरा, शहरी बाबू, माइकेल जैक्सन, डाक्टर, इंजीनियर, पानवाला समेत कई गो रुप धइले बाड़न.

भोजपुरी सिनेमा के किंग निर्माता अभय सिन्हा के एह फिल्म के निर्देशन देव पाण्डे कइले बाड़न. रविकिशन का साथे सेक्सी बाला साधिका रंधावा, सुदीप पाण्डे, गुंजन पंत, आनन्द मोहन, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा, ब्रजेश त्रिपाठी के खास भूमिका बा.

बकौल रविकिशन उनका एह फिल्म में काम कर के बहुते आनन्द मिलल आ कहलें कि अभय सिन्हा का हर फिल्म का तरह इहो फिल्म अपना भव्यता से दर्शकन के मन मोह ली. उपर से देव पान्डे के निर्देशनो कमाल कइले बा. चंदू की चमेली एगो कम्प्लीट कॉमेडी फिल्म ह आ रविओकिशन एहमें कॉमेडिए करत नजर अइहें. विनय बिहारी का लिखल गीतन पर धनंजय मिश्रा के संगीत का धुन पर ऊ साधिका रंधावा का साथे ठुमको लगवले बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त