चाकलेटी खलनायक एयाज खान

Ayaz Khan सिनेमा मे खलनायक के मतलब होला एगो लम्बा चौड़ा दुष्ट अंदाज वाला आदमी. बाकिर भोजपुरी में एगो खलनायक अइसनो बा जे देखे में कवनो हीरो से कम चाकलेटी नइखे बाकिर परदा पर अपना क्रूर अन्दाज से निमन निमन खलनयाकन के पाछा छोड़ देला. भोजपुरी के मशहूर निर्देशक असलम शेख के खोज एयाज खान के गिनती आजु भोजपुरी के मशहूर खालनायकन में हो रहल बा.

चारे साल में दू दर्जन से बेसी फिलिमन में अभिनय कर चुकल एयाज खान यूपी के गाजीपुर जिला के हउवन. बनारस रहत घरी नाटक में काम करे वाला एयाज के पहिलका फिलिम रहे धरती कहे पुकार के जवना में ऊ अजय देवगन आ मनोज तिवारी से दू दू हाथ करत लउकल रहलें. एह फिलिम का बाद त उनका लगे फिलिमन के कतार लाग गइल. स्टार बनावे वाला निर्देशक के॰डी॰ एयाज के निरहुआ रिक्शावाला, मुन्ना बजरंगी, श्रीमान ड्रायवर बाबू,कबहूं छूटे ना ई साथ, आ बलिदान में बढ़िया रोल दिहलन. अबहीं एयाज के करीब एक दर्जन फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सँ जवना में इकबाल बख्श के हम हईं मुन्ना भईयादिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल, प्रवेश सिप्पी के मृत्युंजय, केसी बोकाडिया के अपने पराये, दिल वगैरह शामिल बा. इकबाल बख्श अपना एगो फिलिम में एयाज के बतौर हीरो देखावे जा रहल बाड़न.

एयाज लेखको लोग के पसन्द हउवन खास कर के संतोष मिश्रा के. काहे कि उनका व्यक्तित्व के अलग अलग रंग बढ़िया किरदार बनावे में काम देला.


स्रोत : उदय भगत