माफिया बैक ग्राउन्ड पर बनेवाली फिल्म के संगीतमय महुर्त

Muhurt of a Infinity Production त्रिनेत्र का बाद इन्फिनिटी इंटरटेनमेंट आपन दोसरका फिलिम के संगीतमय मुहुर्त पिछला दिने बालीवुड स्टूडियो में कइलस. एह फिल्म के अबही नाम नइखे धराइल. मुहुर्त के नारियल फोड़े के काम प्रस्तुतकर्ता राज चोपड़ा आ बालीवुड इक्विपमेंट के बाबू भाई कइलें.

एह मौका पर विनय आनन्द, नंदिनी सिंह, सीमा सिंह, रीना सिंह, धर्मेश कुमार, समर्थ चतुर्वेदी, देव मल्होत्रा, आ रुबी सिंह खास तौर पर मौजूद रहल.

एह फिल्म के निर्माता पी मिश्रा, कैमरामैन शाद कुमार, लेखक संतोष मिश्रा, नृत्य निर्देशक राम देवन, गीतकार अशोक कुमार दीप आ प्यारेलाल कवि, संगीतकार अशोक कुमार दीप, आ सह निर्माता बानो अली आ जीतेन्द्र सिंह हउवें. कहानी माफिया पृष्ठभूमि पर आधारित बा.


स्रोत : उदय भगत