ब्लास्ट में उड़ल निरहुआ

Nirahua in a blast भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ खतरनाक से खतरनाक सीन अतना सहजता से कर जाले कि देखे वाला दाँत तर अंगुरी दबा लेलन. पिछला दिने निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के भोजपुरी फिलिम सात सहेलियाँ में एगो खतरनाक सीन में ब्लास्ट में उड़त देखावल गइलन.

Nirahua in a blastसीन कुछ अइसे रहे कि उनका एगो कब्र में लुका के रहे आ दुश्मन ओह कब्र में पहिले से बम लगा दिहले बाड़े. निरहुआ के जइसहीं पता चलऽता ऊ निकल भागल चाहत बाड़न बाकिर एही बीचे बम फाट जाता आ निरहुआ दस मीटर उपर ले फेंका जात बाड़े. आग के लपट उनका के अपना अँकवारी में ले लेत बा आ ऊ ओह आग से सुरक्षित निकल दुश्मनन से लड़त बाड़े.

एह फिलम में सबसे खास बात ई बा कि एहमें सात गो हीरोइन पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म में एके साथे आ रहल बाड़ी. इहो बात कवनो बम विस्फोट से कम खतरनाक बा का?


स्रोत : प्रशान्त निशान्त