अमेरिकन कंपनी के प्रेम कहानी

Shooting scene from Jara Deb Duniya Tohare Pyar Me वइसे त भोजपुरी फिलिम देखेवालन के पहिलका पसन्द एक्शन फिल्म होले बाकिर भोजपुरी फिल्म निर्माण के काम में हाथ लगावे वाली अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स के इरादा एह धारणा के बदल देवे के बा. पन फिल्म्स के पहिलका भोजपुरी फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में प्रेम कथा पर बनल बा आ देखे वालन के यशराज फिल्म्स के बैनर में बनल हिन्दी फिल्म दिलवाले दुल्हनिया ले जायेंगे के याद करा दी. आ हो सकेला कि एकरा बाद प्रेम कहानी पर बने वाली भोजपुरी फिलिमन के एगो दौरे शुरु हो जाव.

बात अइसन नइखे कि भोजपुरी सिनेमा का दुनिया में प्रेम कहानियन के तवज्जो ना दिहल जाला बाकिर बढ़िया आ सलीका वाली कहानियन के एहिजा हमेशा कमी रहत आइल बा. अवार्ड जीते वाली फिलिम फॉरचुन टेलर समेत सात गो बेहतरीन फिलिम बना चुकल इंडो अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स के एह फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के नायक भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन अइसनका प्रेमी का किरदार में बाड़ें जे अपना माशूका के प्रेम में कुछूओ करे खातिर तइयार बा. फिल्म के निर्देशित करत बाड़े धीरज सिंह जे राम गोपाल वर्मा समेत हिन्दी फिल्मन के कई गो दिग्गजन का साथे काम कर चुकल बाड़े. आर ई डी वन कैमरा से शूट हो रहल एह पहिलका भोजपुरी फिल्म के निर्माता हउवन पवन कुमार शर्मा आ फारचुन टेलर के निर्देशिका तेजस्वी कदम एह फिल्म के तकनीकि मजबूति देवे खातिर सह निर्देशक के काम करत बाड़ी.

रविकिशन का अलावे एह फिल्म के दोसरा कलाकारन में ब्रजेश त्रिपाठी, कोमल ढिल्लन, अवधेश मिश्रा, फूल सिंह, सीमा सिंह, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा, शमीम खान, सीपी भट्ट वगैरह शामिल बाड़े.संगीतकार राजेश- रजनीश, गीतकार विनय बिहारी, पटकथा आ संवाद लेखक सुरेंदर मिश्र हउवें.


स्रोत : उदय भगत