अब भोजपुरी पर्दा पर चाचा चौधरी

Bali s Chacha Chaudhary भोजपुरी दर्शक बहुते एक से बढ़ के षक किरदार देखले होखिहन सिनेमा का परदा पर बाकिर अब छोटका परदा के मशहूर किरदार भोजपुरी सिनेमा का परदापर दस्तक दे चुकल बा. यशी फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम चन्दू की चमेली में अभिनेता बाली चाचा चौधरी का किरदार में नजर अइहन.

दर्शकन का बीच छेदिया का नाम से मशहूर बाली एह किरदार में चाचा चौधरीए का लुक में ओकरे अंदाज लिहले आइल बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के बनावल आ देव पाण्डे क निर्देशन में बनल कॉमेडी फिल्म चन्दू की चमेली में रविकिशन, साधिका रँधावा, सुदीप पाण्डेय, गुंजन पंत, आ बृजेशो त्रिपाठी मुख्य मुख्य किरदारन में शामिल बा लोग.

निर्देशक देब पाण्डे के कहनाम बा कि कम्प्लीट कॉमेडी वाली बढ़िया कहानी पर बनल एह फिलिम से दर्शकन के भरपूर मनोरंजन होखी आ चन्दू की चमेली में बाली के किरदार चाचा चौधरी देखे वालन के गुदगुदा के राख दी. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त