दू गो फिलिम लांच कइलें अशोक गुप्ता

Ashok Gupta launches two films हाल में रिलीज भइल फिल्म जब केहू दिल में समा जाला से चर्चा में आइल निर्माता अशोक गुप्ता महाशिवरात्रि का पावन अवसर पर एपना दू गो फिलिम के मुहुर्त मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में धूमधाम से कइलन.

ऋषि इंटरनेशनल का बैनर में बनेवाली एह दुनु फिलिमन में से एगो के निर्देशन मशहूर निर्देशक असलम शेख करीहें जबकि दोसरका के निर्देशन आपन माटी आपन देश के निर्देशक रहल एम॰आई॰राज करीहें. असलम शेख का निर्देशन में बने वाली फिलिम के अबही नाम तय नइखे बाकिर कलाकारन में सुपर स्टार मनोज तिवारी मृदुल, पाखी हेगडे, रिंकू घोष, शुभम तिवारी, अरविन्द अकेला कल्लू आ मनोज टाईगर रहीहें. गीत विनय बिहारी के रही आ संगीत राजेश रजनीश के जे असलम शेख का निर्देशन में बनेवाली कवनो फिलिम में पहिला बेर संगीत दे रहल बाड़े.

एम॰आई॰राज का निर्देशन में बने वाली फिलिम के नाम दिल राखल गइल बा जवन एगो रोमांटिक फिल्म होखी. एहमें भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह, नया स्टार प्रवेशलाल यादव, पाखी हेगडे, मनोज टाईगर, मेहनाज, एयाज खान, आ अवधेश मिश्रा रहीहें. गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव कवि के रही त संगीत मधुकर आनन्द के. कथा पटकथा एम॰आई॰राज के ह आ संवाद लिखिहें एस के चौहान.

दुनु फिलिमन के सहनिर्माता हरीश गुप्ता रहीहें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त