भोजपुरी के उगत सितारा

Pravesh Lal Yadav पर साल २००९ भोजपुरी सिनेमा खातिर बहुते नीक रहल आ नया नया कलाकारनो के फिलिम आपन झंडा लहरा गइली सँ. एह नयकन में बाजी मार ले गइलें जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव. उनकर पहिलके फिलिम चलनी के चालल दुल्हा बाक्स आफिस पर बहुते बढ़िया कारोबार कइलस आ फिलिम में प्रवेश के अदाकारिओ के खूब बड़ाई भइल.

परिवार फिलिमो में प्रवेश के अदाकारी के लोग खूबे सराहल आ अब उनकर फिलिम तू ही मोर बालमा फ्लोर पर बा आ प्रवेश सिल्वासा में ओकरा शूटिंग में व्यस्त बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त