बैडमैन अवधेश मिश्रा के नया अवतार

Awadhesh Mishra भोजपुरी दर्शकन के मनपसन्द खलनायक अवधेश मिश्रा के नया अवतार हो रहल बा जला देब दुनिया तोहरे प्यार में फिलिम से. इंडो अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स के एह पहिलका भोजपुरी फिल्म में अवधेश एगो पागल प्रेमी का भूमिका में बाड़े जे नायिका शिखा से एकतरफा प्यार करत बा. भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन एह फिल्म में शिखा के प्रेमी नायक बनल बाड़े.

भोजपुरी सिनेमा के बैडमैन कहाएवाला अवधेश मिश्रा बतवले कि पहिलका बेर कवनो फिलिम में ऊ एह तरह के रोल कइले बाड़े. कहलें कि ऊ किरदार शिखा का प्यार में हद से गुजर जाये के तइयार रहेला. केहू दोसर शिखा के सरहबो करे त ओकरा से बर्दाश्त ना होला. जला देब दुनिया तोहरे प्यार में आरइडी वन कैमरा से शूट होखे वाली पहिलका भोजपुरी फिल्म ह जवना के धीरज सिंह निर्देशित कर रहल बाड़े.

निर्माता पवन कुमार सिंह के एह फिलिम के तकनीकि रुप से मजगर बनावे खातिर फारचुन फिल्म्स के तेजस्वी कदम एकर सह निर्देशक बाड़ी. फिल्म के दोसर कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, कोमल ढिल्लन, फूल सिंह, सीमा सिंह, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा, शमीम खान, सीपी भट्ट वगैरह के नाम लिहल जा सकेला. संगित राजेश रजनीश के ह आ गीत लिखले बाड़न विनय बिहारी. पटकथा आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल बा.


स्रोत : उदय भगत