बेटा खातिर बना दिहले भोजपुरी सिनेमा

Ashok Gupta पेशा से बिल्डर अशोक गुप्ता अपने धंधा में मगन रहलें बाकिर बेटा हरीश गुप्ता का जिद्द का चलते एगो भोजपुरी फिलिम जब केहू दिल में समा जाला बना डललें. ईंटा पत्थर लोहा के कारोबारी फिलिम के रागरंग का जानो, रउरो इहे सोचत होखब. बाकिर जब फिलिम देखनी त चकित रह गइनी. ई गु्प्ताजी त गुपुत गरु निकललन. साँचहू कमाल कर दिहलन अपना पहिलके फिलिम में अतना बढ़िया गीत आ मनोरम सीन देखा के.

अशोक गुप्ता से उनही का आफिस में बतियावे के मौका मिलल. संजोग से फिल्म के नायक पवनो सिंह मौजूद रहलन ओह घरी. रउरी पढ़ीं ओह बातचीत के कुछ अंश

एगो बिल्डर फिल्म का धंधा में कइसे आ गइल ? कइसे भइल ई अनोका तालमेल ?

जे दुनिया जीत के आवेला घर में बेटा बेटी से हार जाला. अपना बेटा हरीश का चलते हमरा एह धंधा में आवे के पड़ल. बाकिर हम त बस एगो गाइड भर बानी, सगरी काम हरीशे देखेलें आ उहे सहनिर्मातो बाड़न.

बाकिर एकर श्रीगणेश कइसे भइल ?

भोजपुरी के एगो सीनियर कलाकार किशनदेव हमरे इलाका इलाहाबाद के हउवें आ हमार बहुते करीबी दोस्तो हउवन. उनका साथे हम एह योजना के खाका बनवनी आ शुरुआती जानकारिओ उनके से लिहलीं. उनके सुझाव पर मिथिलेश अविनाश के फिल्म के निर्देशन के बागडोर थमवनी. चूंकि किशनदेव मिथिलेश के पहिले से जानत रहलें से हम विश्वास कर के लेखक निर्देशक का रुप में उनका के साइन कर लिहनी. आ काम पूरा भइला का बाद हम बहुते संतुष्ट बानी मिथिलेश का काम से. बहुते बढ़िया फिल्म बनल बा.

आ पवन सिंह के केकरा कहला पर लिहनी ?

पवन के साइन करे के फैसला हमरे रहुवे. उनकर सितारा एहघरी बुलन्दी पर बा से सब सोच समुझ के हम फैसला लिहनी. पवनो बहुते बढ़िया काम कइलें बाड़न. आ सगरी गाना में पुरुष आवाज पवने सिंह के लिहला का पाछा संगीतकार मधुकर आनन्द के पसन्द रहुवे. पवन गायको निमने हउवन आ कल्पना आ इन्दु सोनाली का साथे गावल उनकर गीत सुने में बहुते नीक लागता.

अभिनेत्री कल्पना शाहो त बाड़ी रउरा फिलिम में ?

हँ. कल्पना पवन के प्रेमिका बाड़ी. दुनु के रोमांटिक लीड बा बाकिर असली नायिका रानी चटर्जी बाड़ी. फिल्म में रानी एगो बड़हन गायिका बाड़ी. घटना कुछ अइसन घटत बा कि कल्पना पवन का जिनिगी से गायब हो जात बाड़ी आ रानी चटर्जी से भेंट होखत बा. दुनु के प्रेम परवान चढ़त बा आ रानी जब पवन के रानी बने वाली बाड़ी ओही समय कल्पना वापिस आ जात बाड़ी.

मतलब प्रेम के त्रिकोण ?

ना ना ! ई त सिनेमे घर में जा के पता लागी. हँ अतने भर बता सकीलें कि एह फिल्म में रोमांस आ रोमांच के तीखा मिक्स मसाला बा. रउरोपसन्द करब एह फिलिम के.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त