पटना में रिंकू घोष के ठुमका

Rinku Ghosh at Patna पटना का श्रीकृष्णापुरी में पिछला दिने गठबन्धन प्यार के फिल्म के म्यूजिक रिलीज पार्टी आ होली मिलन समारोह आयोजित भइल जवना में लोकगायक से अबिनेता बनल छोटू छलिया आ बाल गायिका अँजलि का गीतन पर रिंकू घोष जमके ठुमका लगवली आ संगे संगे झुमलन सिनेमा थियेटर मालिक आ फिल्म के वितरक. समारोह के आयोजन अपूर्वा फिल्म्स के संजय सिन्हा आ अक्षत फिल्म्स के मोनिका सिन्हा कइले रहलें. समारोह में रिंकू घोष, गायक अभिनेता छोटू छलिया, रोहित सिंह मटरू, बाल कलाकार अंजलि, निर्मात्री मोनिका सिन्हा, निर्देशक विष्णु शंकर वेलू, संवाद लेखक ओपी कश्यप, संगीतकार पप्पू श्रीवास्तव, गीतकार आरआर पंकज, कला निर्देशक उमेश शर्मा, प्रचारक रंजन सिन्हा, उदय भगत, फिल्म वितरक राज कुमार बेरालिया, सिनेमा मालिक अविनाश सिंह, अमति पराशर समेत अनेके लोग मौजूद रहे. म्यूजिक रिलीज फिल्म के प्रस्तुतकर्ता संजय सिन्हा का हाथे बैंक आफ इण्डिया बिल्डिंग में भइल.

Rinku Ghosh at Patnaम्यूजिक रिलीज करत संजय सिन्हा कहलन कि आज का जमाना में प्यार आ रिश्ता शब्द के मतलब बदल गइल बा. सब कुछ दिखावटी हो गइल बा आ ई हमनी के संस्कृति का पतन का चलते भइल बा. एह फिल्म का माध्यम से निर्मात्री मोनिका सिन्हा हमनी के सांस्कृतिक वैभव के फेर से ओकरा भव्यता में समाज का सोझा ले आवे के बीड़ा उठवले बाड़ी. कहलन कि रउरा सभे के मालूमे बा कि भोजपुरी सिनेमा के स्तर कतना गिर चुकल बा. दुअर्थी गाना आ ओहपर आयटम डांस. हमनी के भावि पीढ़ि इहे सब देखी त का असर होखी ओकरा पर ? निर्मात्री मोनिका सिन्हा आ निर्देशक वेलू के धन्यवाद दिहलें कि एगो साफ सुथरा पारिवारिक फिल्म बनवले बा लोग. मयूजिक डायरेक्टर पप्पूओ श्रीवास्तव बधाई के पात्र बाड़न जे शादी बियाह के सांस्कारिक गीतन के फिल्म में शामिल कइले बाड़े.

बतावल गइल कि फिल्म के अधिकतर कलाकार बिहारे के बाड़े आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जी से फिल्म देखे के निहोरा कइल जाई जेहसे कि अउरियो लोग अइसन फिलिम बनावे.


स्रोत : रंजन सिन्हा