मराठी निर्देशक के भोजपुरिया बिल्लोरानी

Amar Devgane with Vijaylal Yadav मराठी निर्देशक अमर देवगणे अपना पहिलका भोजपुरी फिल्म बिल्लोरानी नौटंकीवाली बनावे जा रहल बाड़न जेकर नायक रहीहें बिरहा सम्राट विजय लाल यादव. एक ओर जहाँ राज ठाकरे मुंबई में रहेवाला उत्तर भारतियन का साथे सोतेला व्यवहार कइले बाड़े त एगो मराठी निर्देशक भोजपुरी फिल्म बनावे जा रहल बा. फिल्म के नायिका बिल्लोरानी के किरदार लवी रोहतगी करीहें.

फिल्म के पहिला चरण के शूटिंग मुंबई में जोर शोर से कइला का बाद तीन मार्च से एकर शूटिंग बनारस में होखे जा रहल बा. लोकेशन हंटिंग खुद अमर देवगणे कइले बाड़े. बिल्लोरानी नौटंकीवाली के मुख्य कलाकारन में लवी रोहतगी का अलावे जय सिंह, संजय पांडे, आ प्रिया पांडे के नाम बा. साथ में रहीहें अवधेश मिश्रा, मनोज द्विवेदी, सपना, सीपी भट्ट. फिल्म के संगीत एसपी सेन चंदा के बा आ गीत विद्या शुक्ला के. कहानिओ विद्ये शुक्ला के लिखल ह.

बकौल अमर देवगणे फिल्म संस्कृति के आइना होखेले आ आइना कबो भाषा के मोहताज ना होला. इहे बात मराठी होखतो भोजपुरी फिल्म बनावे के प्रेरित कइलस.


स्रोत : शशिकान्त सिंह