पांचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड १२ मई के
सम्मान चिह्न के अनावरण नगमा के हाथे करावल गइल.
भोजपुरी फिल्म जगत के सबसे प्रतिष्ठित आ पारदर्शी मानल जाये वाला भोजपुरी फिल्म अवार्ड एह साल १२ मई के गोरेगांव स्पोर्ट्स क्लब में आयोजित कइल जाई. भोजपुरी वर्ल्ड द्वारा आयोजित ई पांचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड होखी. पिछला दिने मुंबई के कंट्री क्लब में एगो भव्य समारोह में एकर घोषणा भोजपुरी फिल्म अवार्ड के आयोजक विनोद गुप्ता कइलें.
एह मौका पर प्रसिद्ध अभिनेत्री नगमा, अभिनेता सुरेंद्र पाल, गायक उदित नारायण, दीपा नारायण, सावन कुमार टाक सहित हिंदी आ भोजपुरी फिल्म जगत के ढेरे सम्मानित लोग मौजूद रहल. अभिनेत्री नगमा का हाथ से पांचवा फिल्म अवार्ड के ट्राफी के अनावरण करावल गइल. विनोद गुप्ता दावा कइलन कि पांचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड हर मायने में पिछलका अवार्ड समारोहन का तुलना में भव्य होखी. कहलन कि एक जनवरी २००९ से ३१ दिसंबर २००९ के बीच रिलीज़ भइल फिल्मने के एह साल के अवार्ड में शामिल कइल जाई. कहल जात बा कि एह साल भोजपुरी फिल्म जगत के कलाकारन का साथेसाथ हिंदी फिल्म आ टीवी जगत के लोगो अवार्ड में शिरकत करी आ समारोह में परफार्मो करी.
याद दिलावे लायक बा कि पर साल का आयोजन में निर्देशक असलम शेख के फिल्म बिदाई के बोलबाला रहे. बेस्ट एक्टर के अवार्ड भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन के मिलल रहे आ बेस्ट एक्ट्रेस के अवार्ड अभिनेत्री रिंकू घोष के.
एह साल के अवार्ड खातिर इन्ट्री शुरु हो गइल बा. हर साल का तरह एहू साल २८ गो श्रेणी में पुरस्कार दिहल जाई. एगो विशेष पुरस्कार राष्ट्रीय अखण्डता विषय पर दिहल जाई.
स्रोत : उदय भगत आ प्रशान्त निशान्त से मिलल जानकारी का आधार पर