निरहुआ पाखी के डबल धमाल

Nirahua Pakhi in Shiva आजुकाल्हु भोजपुरिया किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ हॉट एण्ड हिट अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी के बल्ले बल्ले हो गइल बा. एह दुनु जने के जोड़ी फेर बाक्स आफिस पर धमाल मचवले बिया आ सिंगल ना डबल धमाल!

होली का मौका पर निरहुआ पाखी के जोड़ी वाली दू गो फिल्म एके साथ रिलीज कइल गइल आ दुनु कमाल के कलेक्शन बिटोरले बाड़ी सँ. शिवा के ओपनिंग त कमाल के रहल बा आ सात सहेलियाँ फिलिमो के आपनिंग शानदार रहल. दुनु के दर्शक बढ़िया रिस्पांस दिहले बाड़े.

निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के सात सहेलियाँ बिहार आ यूपी के सिनेमा घरन में सगरी शो हाउसफुल चलत बिया. कलेक्शन अतना हेवी बा कि वितरक आ सिनेमामालिकन का चेहरा पर डबल खुशी दमकत बा. ओहिजे डी॰रामानायडू के बनावल आ जी॰सुब्बाराव के निर्देशित फिल्म शिवा के बिहार आ मुंबई में एके साथे रिलीज कइल रहे. आ दुनु जगहा एक शो लायक दर्शक हमेशा लाइन में खड़ा मिलत बाड़े. टिकट के ब्लैक जम के चल रहल बा.

अलगा अलगा स्टोरी लाइन वाली एह दुनु फिल्मन में निरहुआ पाखी के अलग अलग लुक के दर्शक खूब पसन्द करत बाड़े आ आनन्द उठा रहल बाड़े. साल २०१० के शुरुआत में एह जोड़ी के डबल धमाल बतावत बा कि इहो साल एहलोग खातिर बढ़िये जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त