प्रवेशलाल का दिल में पाखी

Pravesh and pakhi Hegde शीर्षक पढ़ के चउँकला के कवनो जरुरत नइखे. अइसन नइके कि भोजपुरी के नया उदियमान सितारा प्रवेशलाल यादव उर्फ जूनियर निरहुआ का दिल में स्टार अदाकारा पाखी हेगडे रहे लागल बाड़ी. बात दरअसल ई बा कि निर्माता अशोक गुप्ता के श्रीशी इंटरनेशनल प्रोडक्शन का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिल्म दिल में प्रवेशलाल का साथे नायिका का किरदार में बाड़ी पाखी हेगडे आ कहानी में दुनू के प्रेम कोण मौजूद बा.

रोमांटिक लव स्टोरी वाली फिल्म दिल में प्रवेश आ पाखी का साथे मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, आ महानायक कुणालो सिंह के भूमिका बा आ एकर निर्देशन एम॰आई॰राज करत बाड़े. गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के बा, संगीत मधुकर आनन्द के आ अबहीं गाना के रिकार्डिंग के काम हो रहल बा. शूटिंग मार्च का आखिरी सप्ताह में शुरु होखी आ यूपी का अलग अलग लोकेशन पर करावल जाई.

जूनियर निरहुआ का साथे पाखी के जोड़ी का धमाल मचावत बा ई देखे लायक होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त