नृत्य का साथ साथ हर तरह के भूमिका निभा सकेली सपना

Actress Sapna सात भाषा में फिल्म कर चुकल आ अपना प्रतिभा के हर भाषा हर क्षेत्र में साबित कर चुकल सपना अपना कैरियर के शुरुआत करीब बारह बरिस पहिले धर्मेन्द्र, जया प्रदा, मिथुन चक्रवर्ती जइसन कलाकारन का साथे कइले रही. अब सपना भोजपुरी फिल्मन में मुख्य नायिका के किरदार में नजर आवे वाली बाड़ी.

वइसे त सपना एकरा से पहिले ढेरे भोजपुरी फिल्म में आपन अदाकारी दिखा चुकल बाड़ी आ अपना नृत्य कौशल से दर्शकन के आप दिवाना बना चुकल बाड़ी. सपना अब भोजपुरी फिल्मन में नायिका के किरदार का साथे साथ आयटमो नम्बर कर रहल बाड़ी. एह तरह दर्शक सपना के अभिनय का साथ साथ उनका नृत्यो कौशल के आनन्द ले पइहें.

खुद सपना के कहनाम बा कि ऊ हर तरह के फिल्म कर चुकल बाड़ी. इमोशनल, एक्शन, ड्रामा हर तरह का फिल्म के ऊ काम कर चुकल बाड़ी. चूंकि उनकर नृत्य बहुते बढ़िया होला, एहसे उनका डांस के मौको ज्यादा मिलल. बाकिर लोग उनकर अभिनयो क्षमता देखले मनले बा तबहिये उनका अब मुख्यो किरदार करे के मौका मिले लागल बा. दक्खिन का सिनेमा में त ऊ पहिले से नायिका के किरदार करत आ रहल बाड़ी. अब भोजपुरिओ में करे के मौका मिले लागल बा. सपना बतवली कि ऊ भोजपुरी सिनेमा में छोटमोट रोल आ आयटम नम्बर से शुरुआत कइली काहे कि उनका मालूम रहे कि उनका अदाकारी के जादू देर सबेर सबका पर चलिये जाई आ उहे भइबो कइल.

सपना के इहो कहल बा कि एगो कलाकार के भीतर के क्षमता पहिचाने के गुण निर्माता निर्देशक में होखल जरुरी होला. एही से असलम शेख जइसन उच्च कोटि के निर्देशक सपना के अपना फिल्म तू ही मोर बालमा में अहम रोल दिहलें आ साड़िये में उनका पर बहुते मनमोहक गीत फिल्मवले.

सपना कहेली कि जवना तरह भोजपुरी इण्डस्ट्री के लोग उनका डांस के सरहले बा, ओहि तरह उनकर अदाकारियो पर लोग ध्यान देव. भोजपुरी में करीब पचास फिल्म आ हिन्दी, गुजराती, दक्खिन के फिल्म मिला के सपना करीब एक सौ फिल्म में काम कर चुकल बाड़ी. कहली कि बिल्लोरानी नौटंकीवालीत्रिनेत्र में उनकर मौजूदगी लोग के नीक लागी. फिल्म त्रिनेत्र में सपना के एगो बेहतरीन मुजरा बहुते बेहतरीन तरीका से फिल्मावलल गइल बा. उनका असलम शेख निर्देशित फिल्म तू ही मोर बालमा से बहुते उम्मीद बा जवना में ऊ अद्भुत अदाकारी देखवले बाड़ी.

सपना के भोजपुरी फिल्मन के नाम गिनावल जाव त मैं बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुंवारी, खटाईलाल मिठाईलाल, धर्मवीर, पप्पू के प्यार हो गइल, ससुरारि जिन्दाबाद, शम्मी भइया, कसम धरती मइया के, हो के रहबू तू हमार, पूरब, ए बलम जी, गोरकी पतरकी आ माई त बस माई बाड़ी जइसन पचासन फिल्म के नाम लिहल जा सकेला.


स्रोत : खालिद