खुल्लम खुल्ला रोमांस चल रहल बा राजीव आ गुंजन के

RajivDinkar and Gunjan Pant भोजपुरी फिलम् जगत में आजु काल्ह कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव दिनकर आ हॉट अदाकारा गुंजन पंत के खुल्लम खुल्ला रोमांस के जबरदस्त चर्चा चल रहल बा. कहल जा रहल बा कि दुनु एक दोसरा के प्रमोटो कर रहल बाड़े.

राजीव दिनकर आ गुंजन पंत के रोमांस के सुरुआत भइल निर्माता शामपरवानी आ निर्देशक के॰डी॰ के फिल्म बलिदान का शूटिंग का दौरान. एह फिल्म में राजीव कालेज के एगो छात्र का किरदार में बाड़े जे फिल्म में रविकिशन के छोट भाई बा आ अपने कालेज में पढ़े वाली गुंजन पंत से प्यार करत बा. कैमरा के आगा शुरु भइल मुहब्बत अब ओह लोग का असल जिनिगीओ में आ गइल बा. पिछला महीना चौदह फरवरी के गुंजन शूटिंग छोड़ राजीव से मिले मुंबई आ गइल रही. अब एह प्यार में कतना सच्चाई बा आ कतना फिल्मी रोमांस ई त उहे दुनु जने जानत होखीहें बाकिर पूरा फिल्म जगत एह रोमांस के चर्चा चटखारा ले के कर रहल बा.

बलिदान फिल्म में जैकी श्राफ आ दुर्गेश नन्दिनी फेम रिंकू घोषो अहम किरदार में बावे लोग.


स्रोत : उदय भगत