लकी अदाकारा रुबी सिंह

Ruby Singh अपना मेहनत आ लगन से भोजपुरिया दर्शकन का दिलो दिमाग में जगह बना लेबे वाली अदाकारा रुबी सिंह के भोजपुरी सिनेमा के लकी अदाकारा कहल जाव त बेजाय ना कहाई. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से अपना कैरियर के शुरुआत कइली आ एही फिल्म से निरहुओ के सफलता के दौर शुरु भइल रहे.

ओकरा बाद रुबी ढेरे फिल्मन में काम कइली आ महुआ चैनल के धारावाहिक सातो वचनवा निभाइब सजना में मुख्य भूमिका कइली जवना के दर्शक बहुते सरहलें. साथे साथ रुबी पवन सिहं का साथे मेंहदी रचाई तोहरे नाम की ओढ़निया कमाल करे जइसन फिल्मन में काम कइली जवना में ओढ़निया कमाल करे पवन सिहं के भोजपुरी के सुपर स्टार के रुतबा दिवा दिहलस. रुबी के फुलौरी बिना चटनी कैसे बनी फिल्मो के दर्शक खूब पसन्द कइलें. पटना के रहे वाली रुबी सिहं एलबम से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत कइली आ धीरे धीरे मंजिल का तरफ बढ़त गइली आ सफलता के अपना नामे कर लिहली.

रुबी के आवे वाली फिल्मन के नाम ह कुरुक्षेत्र, चोरवा बनल दामाद, त्रिनेत्र वगैरह. फिल्मन में अपना सशक्त अभिनय आ लकी होखे के दर्जा पा के रोज नया नया ऊचाई का ओर अग्रसर रुबी वाकई तारीफ करे लायक बाड़ी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त