भोजपुरी सिनेमा के नया स्टार मनोज मिश्र मिहिर

स्रोत :- धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर

Manoj Mishra Mihir

हालही में रिलीज भईल फिलिम रंग दे बसंती चोला में एगो युवा अपराधी के किरदार में आपन कलाकारिता देखा के गोरखपुर के मशहूर गायक मनोज मिश्र मिहिर भोजपुरी सिनेमा जगत में चर्चा में आ गईल बाड़े. ईटीवी फोक जलवा में पुरुष वर्ग में सर्वश्रेष्ठ गायक का रुप में सम्मानित मनोज मिश्र मिहिर बचपने से सिनेमा में हीरो बने के सपना देखत रहलन. संजोग बनल त सुधाकर पाण्डेय के फिलिम रंग दे बसन्ती चोला में तीसरका नायक के किरदार करे के मिल गईल. साथ में रहलन भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पंकज केसरी. निर्देशक विशाल आ अपना सहयोगी कलाकारन के व्यवहार अतना बढ़िया रहल कि उनका पते ना लगल कि ई उनुकर पहिलका फिलम हऽ.

मनोज मिहिर बातचीत में कहलन कि गायको का रुप में त स्टेज पर अभिनये करे के पड़ेला. आ ऊ लईकाईयें से स्टेज पर चन्द्रशेखर आजाद आ भगत सिह के किरदार करत आईल बाड़े से एक दू शाट का बाद सब कुछ आसान जईसन लागे लागल रहे. पता चलल बा कि मनोज मिश्र मिहिर के काम से खुश हो के उनुका के बाल किशन सिंह अपना फिलिम दामाद चाही फोकट में आ भईया के साली बिहार वाली में ले लिहल गईल बा. एगो हिन्दीओ फिलिम में काम मिले के चर्चा चल रहल बा.

Manoj Mishra Mihir

मनोज मिश्र मिहिर खाली एक्टिंगे से संतुष्ट होखे वाला ना हउवन. मिहिर के योजना बा कि भोजपुरी के संविधान में सम्मानित जगह दिलवावे खातिर ऊ गोरखपुर आ बस्ती मण्डल का हर जिला मुख्यालय पर प्रदर्शन कइल जाव. एह काम में ऊ भोजपुरी के सगरी कलाकारन के जोड़े के कोशिश कर रहल बाड़े.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com