चलनी के चालल दूल्हा एह साल के चर्चित फिलिम होखी

स्रोत :- अशोक भाटिया, टोटल मीडिया पीपुल, मुंबई.फोन : 9221232130

Pravesh Lal Yadav on bike

चलनी के चालल दूल्हा एह साल के बहुचर्चित फिलिम होखी काहे कि बनते घरी से ई फिलिम चरचा में बिया. पहिलका कारण त ई बा कि चलनी के चालल दूल्हा भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के होम प्रोडक्शन निरहुआ इंटरटेंमेंट के पहिलका फिलिम ह जवन ओ साईं इन्टरटेनमेंट के अजय सिनंहा का साथे बना रहल बाड़े. अजये सिन्हा एह फिलिम के निर्दैशनो कर रहल बाड़े जे ससुरा बड़ा पइसावाला के निर्देशन कइले रहन. ओहि फिलिम से भोजपुरी सिनेमा के पुनर्जीवन मिलल रहुवे.

Pravesh Lal Yadav and Shubha Sharma

चलनी के चालल दूल्हा के शूटिंग एह महीना के अंत ले पूराहो जाये के उमेद बा. एह फिलिम में निरहूआ का संगे उनुकर छोटका भाई प्रवेशोलाल यादव बाड़न. प्रवेश लाल के एही फिलिम से भोजपुरी सिनेमा में पेश कइल जा रहल बा. फिलिम के दिलकश संगीत अबहियें से लोगन के मन मोहल शूरु कर दिहले बा.

Pravesh Lal Yadav and Shubha Sharma

अजय सिन्हा अपना एह फिलिम से बहुते उत्साहित बाड़े, कहले कि एह फिलिम से प्रवेश लाल यादव आ शुभा शर्मा के एन्ट्री मिल रहल बा. चलनी के चालल दूल्हा के मतलब वइसनका दूलहा से बा जे हर तरह के अयेब से मुक्त होखो, पूरा निर्दोष होखो, चौबीस कैरेट के सोना माफिक खरा होखो. फिलिम में दू गो जाड़ी बा, निरहुआ का संगे पाखी हेगडे के आ प्रवेशलाल का संगे शुभा शर्मा के. साथ में जवन दोसर मुख्य कलाकार बा लोग से बा संतोष श्रीवास्तव, विदिशा बनर्जी, मानवेन्द्र आ अजय सिंन्हा. मेहमान कलाकार में मनोजो टाइगर बाड़े. लीला सिन्हा के लिखल कथापटकथा के संवाद अजय सिन्हा आ निलय उपाध्याय लिखले बाड़ै. गीत प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ अशोक सिन्हा के लिखल बाड़ी सन.

Pravesh Lal Yadav and Shubha Sharma

चलनी के चालल दूल्हा के शूटिंग पंचगनी महाबलेश्वर में पूरा हो चुकल बा आ अब शगिला लोकेशन आजमगढ़ के बा जहाँ शूटिंग कइल जा रहल बा.

शुभा शर्मा राजस्थान के जयपुर के हई आ प्रवेशलाल का साथे पहिलहूं म्यूजिक अलबम में काम कर चुकल बाड़ी.एकरा पहिले ऊ हिन्दी फिलिम मनी है तो हनी है में काम कर चुकल बाड़ी.

Pravesh Lal Yadav and Shubha Sharma

प्रवेशलाल यादव के किरदार एह फिलिम में शहर के बिगड़ल लड़िका के बा जे गांव आके सुधर जात बा आ गाँवे के एगो लड़की का मोहपाश में बन्ह के गांवे में रह जाये के फैसला कर लेत बा. चलनी के चालल दूल्हा में प्रवेशलाल के कलरफुल रोल मिलल बा जवना में उनुका हर तरह के भाव देखावे के मौका मिलल बा.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com