बिहारी माफिया से एगो आउरी कार्पोरेट घराना के प्रवेश

महिन्द्रा एन्ड महिन्द्रा के भोजपुरी सिनेमा में घुसला का बाद दोसरो कार्पोरेट घराना एह दिशाईं नजर देबे लागल बाड़न आ एब एगो आरी घराना भोजपुरी सिनेमा उद्योग में प्रवेश ले रहल बा. ई कम्नी हिया बाबा आर्ट्स लिमिटेड जवन पिछला साल करीब चार सौ करोड़ रुपिया के बिजनेस कईले रहे. बाबा आर्ट्स लिमिटेड हिन्दी आ तामिल सिनेमा के प्रस्तुति में त पहिलहीं से रहल हा अब भोजपुरियो सिनमा के प्रस्तुति करे लागल.

बाबा आर्टस् के प्रमुक गोवर्धन तनवानी हउवन जे भोजपुरी सिनेमा के बादशाह रवि किशन के प्रोडक्शन हाउस महादेव प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ से पांच गो भोजपुरी फिल्मन खातिर अनुबन्ध कइले बाड़न. एहमे से पहिलका फिलिम बिहारी माफिया बन के तईयार बा. बिहारी माफिया के निर्देशन आ कहानी पिछला साल बांके बिहारी एमएलए नाम के हिट फिलिम के निर्दैशक बबलू सोनी के हऽ. एह फिलिम में रवि किशन एगो माफिया सरगना का किरदार में बाड़े.

रविकिशन के कहल बा कि बिहारी माफिया एगो माफिया के आत्मकथा हऽ जवन समाज के बतलावे चाहत बा कि अपराधी के जनम ना होला ओकरा के जनमावल जाला मजबूर कर कर के. घसीट के अपराध का दलदल में ले आवल जाला.

भोजपुरी फिल्मोद्योग में कार्पोरेट घराना के प्रवेश के रवि किशन सुखद संकेत मानत बाड़े आ कहले कि भोजपुरी सिनेमा त पहिलहीं से राष्ट्रीय स्तर के बनत रहली ह सन अब बड़की कम्पनियन का अईला से एकर बाजार आउरी पसरी.

बिहारी माफिया के मुख्य किरदारन में नम्रता थापा, ब्रजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, शैलेन्द्र श्रीवास्तव, सिकन्दर खाँ, रोहनी कपूर वगैरह बा लोग. पटकथा किशन राठौर आ स्वाद अमित झा के लिखल हऽ. गीत बिनय बिहारी लिखले बाड़े आ संगीत राजेश गुप्ता के हऽ.

स्रोत : प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624