संगीता ननकू

sangeeta Nunkoo

मारीशस के एसपरेंस पाइटोन के रहेवाली संगीता ननकू जिनका के ढेरे लोग सुनीता का नाम से जाने ला आजुकाल्हु मारीशस का घरे घर में भोजपुरी गायिका का रुप में जाने जाये लागल बाड़ी. कुछ दिन पहिले संगीता ननकू के एगो नया म्यूजिक अलबम रिलीज भईल बा.

अपना बारे में बात करत सुनीता ननकू कहली कि ऊ अपना दादी से गीत गवनई सिखली. दादी शादी बियाह भा पूजा का मौका पर गावत रहली. उ गितारी रहली जे शादी का मौका पर शगुन गावत रहली. जब भी मौका मिले सुनीता केनियो लुका के अपना दादी के गीत गवनई सुनस आ देखस. एही में धीरे धीरे उनको गीत गवनई से लगाव हो गईल.

सुनीता ननकू खास कर के भोजपुरिये में गावेली. बतवली कि कि अइसनका ऊ नाम कमाये खातिर ना करस बलुक अपना मातृभाषा के सेवा खातिर करे ली. कहली कि ऊ मारीशस का हर समुदाय में भोजपुरी के लोकप्रियता बढ़ावल चाहत बाड़ी. पहिले त सभे केहू भोजपुरीये बोलत रहे बाकिर अब धीरे धीरे भोजपुरी हिन्दूवे लोग के भाषा बनि के रह गईल बा. तबहियों गांव देहातन में अबहियों सगरी लोग चाहे ऊ कवनो समुदाय के होखो मजे से भोजपुरी में बोले बतियावेला.

अपना संगीत के बढ़िया बनावे में ऊ मशहूर मारीशियन गायक बसन्तो सुफल से गुर सिखली. उहे सुनीता के हारमोनियम बजावे के सिखवलन.


लेख स्रोत