मनोज तिवारी के नयका अलबम हे महादेव के रिकार्ड तोड़ बिक्री

पहिलके खेप में एक लाख कैसेट के बिक्री

मनोज तिवारी के नयका अलबम हे महादेव के पहिलके खेप में एक लाख कैसेट के बिक्री भइल बा जवन अपना में एगो रिकार्ड बा. आ एह अलबम के मिलल बाड़े तीन गो स्पान्सर.

भगवान भोलेनाथ के कांवरिया भक्तन पर आधारित ई अलबम एगो नया म्यूजिक कम्पनी एम सीरीज से जारी भइल बा. ई नयका संगीत कंपनी फ्रंटलाइन इन्टरटेनमेंट का साथ मिल के भोजपुरी फिलिमन के संगीत खरीदला का साथे साथ नया नया गायक गायिका, संगीतकारन, आ गीतकारन के प्रोमोटो करी. ई कंपनी जल्दिये भोजपुरी के चर्चित गायकन जैसे पवन सिंह, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आ कल्पना के साथे अनुबंध करे जा रहल बा.

आठ सौ करोड़ के टर्न ओवर वाली कंपनी फ्रंटलाइन अपना प्रोडक्शन हाउस से कई गो बड़ बड़ भोजपुरी फिलिम बनावे जा रहल बिया. कुछ फिलिमन खातिर मनोज तिवारी के साइनो कर लिहल गइल बा.

अपना नयका अलबम हे महादेब का सफलता से उत्साहित मनोज तिवारी कहलन कि म्यूजिक कंपनी पहिले त अलबम के प्रोमो शूट कइलसि फेर डीलरन के एगो बड़ऋन कांफ्रेस कर के ओह लोग के राय लिहलसि. फेर ओही राय का मुताबिक अलबम के शूटिंग करवलसि. बाकी म्यूजिक कंपनी डीलरन के राय के कवनो भाव ना द सन. मनोज तिवारी कहलन कि कंपनी एम सीरीज के ई नया फार्मेट उनका बहुते नीमन लागल.

हे महादेब के गीत श्याम देहाती लिखले बाड़न आ संगीत से सजावे क काम मधुकर आनन्द कइलन. गीतन में धार्मिक भक्ति के आजु का परिवेश का साथ जोड़ल गइल बा आ छोड़ऽ भाँग के गोला बाबा, पेप्सी पियल करा, आ तनिका नंदी के दीं आराम नैनो कार आइल बा जइसन गीत जोड़ल गइल बा. एगो गीत में क्रिकेट टीम खातिर आशीर्वाद मांगल गइल बा, त एगो दोसरा में भोलेनाथ के सगरी नामन के याद कइल गइल बा. अलबम के शूटिंग बाबा विशवनाथ के नगरी काशी में कइल गइल आ काशी के सगरी घाट एह अलबम में दिखिहन.

देवी गीत से आपन सिक्का जमा लेबे वाला मनोज तिवारी एहू अलबम से आपन धाक जमा लिहन, अलबम के सफलता त इहे बता रहल बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806