दिल्ली में गूंजल मालिनी अवस्थी के कजरी

Malini Awasthi

अवधी आ भोजपुरी के मशहूर गायिका मालिनी अवस्थी के कजरी पिछला दिने दिल्ली वालन का कान में गूंजल. मौका रहल इंदिरा गाँधी राष्ट्रीय कला केन्द्र में आयोजित सावन के सांस्कृतिक उत्सव के.

कार्यक्रम में मालिनी कजरी के कई गो गाना गवली आ दिल्ली वालन के दिल जीत लिहली. अपना शानदार शैली में गीत का साथे सांकेतिक नृत्य कर के मालिनी दर्शकन के झुमा दिहली. बनारसी, अवधी, आ मिर्जापुरी कजरी के पुरा रस का साथे पेश कइली आ सावन का महीना में कजरी के रस ले रहल श्रोता दर्शक मदमस्तहो उठलन आ ओह लोग के गोड़ थिरके लागल.

महूआ चैनल के लोकप्रिय संगीत के रियलिटी शो सुर संग्राम में जज बनल मालिनी भोजपुरी आ अवधी संगीत के ओकर वाजिब सम्मान दिलवावे खातिर लागल बाड़ी.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624